Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Prashant Kishor : जन सुराज के कब पार्टी बनइहें PK? खुद डेट कऽ देले कन्फर्म, भरी सभा में बोलले- जेकर हाथ पकड़ ली…

331
Google Ads 300*250 for posts

Prashant Kishor : जनसुराज (Jan Suraaj) के सूत्रधार प्रशांत किशोर अब ई कन्फर्म कऽ देले बाड़े कि जनसुराज पार्टी कब बनी। लगातार कई दिनन से प्रशांत किशोर (Prashant Kishor) बिहार के विधानसभा चुनाव में भाग लेवे के बात कर रहल बाड़े। फिलहाल उऽ कई जगहन पs जाके लोगन के संबोधित कर रहल बाड़े। दूसरका ओर चुनावी मैदान में उतरे से पहिलहीं उऽ तमाम नेता लो के घेरनल शुरू कऽ देले बाड़े।

बता दी कि प्रशांत किशोर बिहार में अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव (Bihar Assembly Election) के लेके काफी एक्टिव बाड़े। पिछिला कई दिनन से उऽ लगातार ई कह रहल बाड़े कि उनकर पार्टी विधानसभा चुनाव में हिस्सा लिही।

लोगन के संबोधित करत घरी प्रशांत किशोर कहले कि कुछ दिन पहिले हमनीं तय कइनी कि 2 अक्टूबर को जब जन सुराज अभियान के 2 साल पूरा हों जाई तब एकरा के पार्टी में तब्दील कइल जाई।

पार्टी बनते होइहें एक करोड़ सदस्य- प्रशांत किशोर

उऽ कहले कि 2 अक्टूबर के जब दल के रूप में जन सुराज के औपचारिक घोषणा होई, तब ई देश के पहिला अइसन पार्टी होई। जवना के बनते एक करोड़ सदस्य होइहें। ई पहिलका अइसन दल होई, जेकरा के बनावे वाला कवनो समुदाय, परिवार आ जाति विशेष से ना होई। एकरा के बिहार भर के लोग मिलके बना रहल बाड़े।

उऽ कहले कि एकर नेता ना प्रशांत किशोर रहले, ना होइहें। जवन लोग एह पार्टी के बनाई, 2 अक्टूबर के उऽ लोग मिलके एकर संविधानो बनाई। उऽ लोग चुनाव के माध्यम से एकर नेता चुनिहें। एकर नेता कबो प्रशांत किशोर नइखन हो सकत।

हम इहाँ नेता बने नइखे आइल – प्रशांत किशोर

उऽ कहले कि हम पहिलहीं घोषणा कऽ देले बानी कि हम इहाँ नेता बने नइखे आइल, हमार भूमिका सूत्रधार के बा। उऽ कहले कि विधायक आ मंत्रीये ना बल्कि प्रधानमंत्री तक बनावे में हमार भूमिका रहल। अतने ना, देश में 10 मुख्यमंत्रीयो बनवनी, बाकिर एह काम के 2 साल पहिले छोड़ देनी।

प्रशांत किशोर कहले कि लोग कहेला कि हम जेकर हाथ पकड़ ली, उऽ जीत के राजा हो जाला। तऽ हम ई तय कइनीं कि अब कवनो दल भा नेता के ना बल्कि बिहार के जनता के हाथ पकड़ल जाव, ताकि इहाँ जवन सक्षम आदमी बा, उऽ जीतके आवे आ बिहार के आगे बढ़ावे।

866600cookie-checkPrashant Kishor : जन सुराज के कब पार्टी बनइहें PK? खुद डेट कऽ देले कन्फर्म, भरी सभा में बोलले- जेकर हाथ पकड़ ली…

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.