West bengal: TMC सांसद नुरुल इस्लाम के कैंसर के बीमारी से निधन

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 25, 2024

West bengal: बशीरहाट के सांसद नुरुल इस्लाम बहुत दिन से लीवर कैंसर से पीड़ित रहले। आज उनकर दुपहरिया में निधन हो गइल। उऽ 61 वर्ष के रहले। उनका के टीएमसी ने पूर्व सासंद नुसरत जहां

Share

West bengal: बशीरहाट के सांसद नुरुल इस्लाम बहुत दिन से लीवर कैंसर से पीड़ित रहले। आज उनकर दुपहरिया में निधन हो गइल। उऽ 61 वर्ष के रहले। उनका के टीएमसी ने पूर्व सासंद नुसरत जहां के जगह बशीरहाट से उम्मीदवार बनावल गइल रहे।

ममता बनर्जी जतवली दुख

बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी हाजी नुरूल इस्लाम के निधन पर दुख जतवले बाड़ी। ममता एक्स-पोस्ट में लिखले बाड़ी कि हमनी के बशीरहाट सांसद हाजी एसके नुरुल इस्लाम के निधन के बारे में जान के दुख भइल। उऽ हमार महत्वपूर्ण साथी रहले। सुदूर सुंदरबन क्षेत्र के समर्पित समाजसेवी रहलन आ पिछड़ल क्षेत्र के गरीब जनता के उत्थान खातिर बहुत मेहनत कइलें। बशीरहाट के जनता उनका नेतृत्व के याद करी। उहाँ के परिवार, मित्र आ साथी लोग के प्रति संवेदना व्यक्त करत बानी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.