Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Patna News: बाढ़ में गंगा दशहरा पऽ डूबल यात्रियन से सवार नाव, मचल चीख-पुकार; बचाव खातिर पहुंचल टीम

470

Barh News गंगा दशहरा के मौका पऽ पटना के बाढ़ में गंगा नदी में एगो नाव के डूबे के जानकारी सामने आ रहल बा। घटना बाढ़ के उमानाथ घाट पs घटित भइल। उहाँ मौजूद लोगन के मानल जाव तऽ नाव पs तकरीबन एक दर्जन से अधिका लोग सवार रहले जवना में कुछ लोग नेपुरा मालती के बतावल जा रहल बाड़े। सूचना मिलला पs थानाध्यक्ष प्रदीप कुमार मौका पs पहुंचलें।

गंगा दशहरा के मौका पऽ पटना के बाढ़ में गंगा नदी में एगो नाव के डूबे के जानकारी सामने आ रहल बा। घटना बाढ़ के उमानाथ घाट पs घटित भइल। उहाँ मौजूद लोगन के मानल जाव तऽ नाव पs तकरीबन एक दर्जन से अधिका लोग सवार रहले जवना में कुछ लोग नेपुरा मालती के बतावल जा रहल बाड़े। सूचना मिलला पs थानाध्यक्ष प्रदीप कुमार मौका पs पहुंचलें।

मौका पऽ पहुँचल पुलिस 

बचाव अभियान शुरू कऽ दिहल गइल बा। लोगन के तलाशी लिहल जा रहल बा। नाव के डूूबते उहाँ हड़कंप मच गइल।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.