UP: पीलीभीत में भीषण सड़क हादसा, सादी से लौटत कार पेड़ से टकरा के खाई में गिर गइल, 6 के मउत आ 5 घायल

Minee Upadhyay
पीलीभीत में भीषण सड़क हादसा
- Sponsored Ads-

उत्तर प्रदेश के पीलीभीत जिला में एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गइल बा. बियाह में शामिल होखे खातीर उत्तराखंड के खटीमा से पीलीभीत आईल दुल्हिन पक्ष के एगारह लोग के लवटत घरी सड़क दुर्घटना भईल। रिसेप्शन से लवटत घरी पीलीभीत टनकपुर हाईवे के न्यूरिया कस्बा के लगे तेज रफ्तार गाड़ी बेकाबू होके एगो पेड़ से टकरा गइल आ ओकरा बाद खाई में गिर गइल. 

दुर्घटना में 6 जने के मउत
टक्कर एतना तेज रहे कि दुर्घटना में गाड़ी के टुकड़ा-टुकड़ा हो गईल। अबे ले 6 लोग के मउत हो चुकल बा, जबकि 5 लोग गंभीर रूप से घायल बाड़े। सभे घाही के इलाज खातीर जिला अस्पताल भेज दिहल गईल, जहां से उनुकर हालत गंभीर होखला के चलते बरेली हायर सेंटर रेफर कs दिहल गईल।

- Sponsored Ads-

गाड़ी खाई में गिर गईल
असल में उत्तराखंड के खटीमा जिला के एगो लईकी के बियाह पीलीभीत के चंदोई कस्बा में भईल रहे। उनुकर रिसेप्शन पार्टी बियफ़ें के रहे। बियाह में शामिल होखे खातीर दुल्हिन पक्ष के 11 लोग खटीमा से गाड़ी में सवार भईल रहले। देर रात पार्टी में शामिल भईला के बाद सभे लवटत रहले, तबे उनुकर गाड़ी पीलीभीत टनकपुर हाईवे पs न्यूरिया कस्बा के नजदीक पेड़ से टकरा गईल। टक्कर एतना तेज रहे कि गाड़ी लुढ़क के खाई में गिर गईल। दुर्घटना के बाद गाड़ी के टुकड़ा में हो गईल।

कार में सफर करे वाला लोग ओहमें फंसल रह गइल. टक्कर के आवाज सुन के पास के लोग मौका पs पहुंच गईले। उs घटना के बारे में न्यूरिया पुलिस के जानकारी देले। एकरा बाद पुलिस स्थानीय लोग के मदद से मौका पs पहुंचल अवुरी सभ घाही के गाड़ी से बाहर निकाल देलस। तब ले पांच लोग के मौत हो चुकल रहे जबकि 6 लोग गंभीर रूप से घाही हो गईल रहले। 

पुलिस सभे घाही के इलाज खातीर जिला अस्पताल भेज देलस। जहां इलाज के दौरान एक आदमी के अवुरी मउत हो गईल, जबकि 5 लोग गंभीर रूप से घाही बाड़े। जवना लोग के इलाज खातीर जिला अस्पताल भेजल गईल बाकिर हालत गंभीर होखते उs लोग के उच्च केन्द्र बरेली रेफर कs दिहल गईल। जहाँ उनकर इलाज जारी बा। एकरा संगे-संगे देर रात भईल सड़क दुर्घटना के जगह पs पहुंचला के बाद पुलिस जांच में जुटल बिया। मरेवाला के शव के हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल बा।

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।