पत्नी के इंस्टाग्राम रील्स बनवले से परेशान भइल युवक, पेड़ से फांसी लगा के दे दिहलस जान

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2024

सोशल मीडिया के इस्तेमाल जइसे-जइसे लोकप्रिय हो रहल बा, एकरा चलते पारिवारिक असहमति के समस्या भी पैदा हो रहल बा। सोशल मीडिया के लत से होखे वाला नुकसान के ताजा मामिला कर्नाटक के चामराजनगर से

Share

सोशल मीडिया के इस्तेमाल जइसे-जइसे लोकप्रिय हो रहल बा, एकरा चलते पारिवारिक असहमति के समस्या भी पैदा हो रहल बा। सोशल मीडिया के लत से होखे वाला नुकसान के ताजा मामिला कर्नाटक के चामराजनगर से आइल बा। इहाँ एगो युवक अपना पत्नी के इंस्टाग्राम रील बनावे के जुनून के चलते आत्महत्या कs लेले के खबर बा। जानकारी के मुताबिक युवक पोर्टर के काम करत रहे अवुरी उनुका पत्नी के इंस्टाग्राम रील बनावल पसंद ना रहे।

पूरा मामिला का बा?

दरअसल चामराजनगर के हनुरू इलाका में एगो 34 साल के युवक पेड़ से फांसी लगा के आत्महत्या कs लेलस। पुलिस के कहनाम बा कि युवक के पत्नी लगातार सोशल मीडिया के इस्तेमाल करत रहली अवुरी इंस्टाग्राम रील बनावत रहली। पुलिस के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक प्रारंभिक जांच में पाता चलल बा कि युवक अपना पत्नी के सोशल मीडिया के लत पs आपत्ति जतवले रहे, लेकिन उs एकरा पs ध्यान ना देली अवुरी रील बनावत रहली।

पहिले पति-पत्नी के बीच बहस होखत रहे

आत्महत्या के एs पूरा घटना पs पुलिस के कहनाम बा कि, रील बनावे के लत के चलते युवक अपना पत्नी से अक्सर बहस करत रहे। जब बात बहुत गंभीर हो गईल तs कुमार पेड़ पs फांसी लगा के आत्महत्या कs लेले। पुलिस के मुताबिक, मउका से आत्महत्या के संबंध में लिखल कवनो पत्र बरामद नईखे भईल अवुरी शव के पोस्टमार्टम खातीर भेजल गईल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.