[the_ad_group id="30365"]

इराक में शादी समारोह के दौरान दिल दहला देवे वाला हादसा, अचानक आग लगले से 100 लोगन के मउत आ 150 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

इराक में बियाह समारोह के दौरान भारी आग लगला से 100 लोग के मउत हो गईल बा। जबकि 150 से अधिका लोग घायल हो चुकल बाड़े। सरकार के आधिकारिक इराकी प्रेस एजेंसी आईएनए के रिपोर्ट में कहल गइल बा कि निनेवेह प्रांत के स्वास्थ्य अधिकारियन के कहना बा कि “अल-हमदानियाह के एगो शादी के हॉल में आग लगला से 100 लोग के मउत आ 150 से अधिका लोग घायल भइल बा”। सरकारी मीडिया आ स्वास्थ्य अधिकारी बुध के सबेरे बतवले कि ई घटना उत्तरी इराक के हमदानियाह शहर में भइल बा। एगो बियाह समारोह के हॉल में आग लगला से भगदड़ मच गईल। एह दौरान कम से कम 100 लोग के मउत हो चुकल बा। मरेवाला लोग के संख्या में अउरी बढ़ोतरी होखे के उम्मेद बा। 150 से अधिका घायल लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

बियाह के रस्म में मउत के कारण बनल आतिशबाजी

कुछ लोग एगो रेफ्रिजरेटेड वाला ट्रक के दरवाजा पs कई गो करिया रंग के बॉडी बैग लेके जात अवुरी कुछ लाश के बटोरत देखल बतवले। नागरिक सुरक्षा अधिकारी इवेंट हॉल के भीतर पूर्वनिर्मित पैनल के मौजूदगी के सूचना देले, जवन कि “बहुत ज्वलनशील अवुरी सुरक्षा मानक के उल्लंघन” रहे, जहां आग लागल रहे। बयान में कहल गईल कि, बहुत ज्वलनशील, कम लागत वाला निर्माण सामग्री के इस्तेमाल से भईल आग के चलते छत के कुछ हिस्सा गिर गईल। उ कहले कि, प्रारंभिक जानकारी से लागता कि बियाह के दौरान आतिशबाजी के इस्तेमाल भईल रहे, जवना के चलते हॉल में आग लाग गईल। इराक के निर्माण आ परिवहन क्षेत्र में सुरक्षा मानक के अक्सर अनदेखा कइल जाला आ दशकन से चलत संघर्ष के बाद जवना देश के बुनियादी ढांचा खराब हो गइल बा, नियमित रूप से जानलेवा आग आ दुर्घटना के स्थल बा।

साभार- इंडिया टीवी

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]