Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar News: नगर निकाय कर्मियन खातिर बड़ खबर! चेतावनी के बाद विभाग वापस लेलस 7वां वेतनमान बंद करे के आदेश

142
Google Ads 300*250 for posts

Bihar News: बिहार के नगर विकास आ आवास विभाग निकाय कर्मियन के सातवां वेतनमान बंद करे के आदेश के वापस ले लेलस। बता दी कि विभाग 10 जून के नगर निकाय कर्मियन के सातवां वेतनमान ना देवे आ दिहल गइल लाभ के कर्मियन से वसूली करे के निर्देश देले रहे। हालांकि निकाय कर्मियन द्वारा एह निर्देश के भारी विरोध शुरू हो गइल रहे।

नगर विकास आ आवास विभाग नगर निकाय कर्मियन में सातवां वेतनमान ना देवे आ दिहल गइल लाभ के कर्मियन से वसूली करे के निर्देश के शुक के वापस ले लेले बा। ई निर्देश 10 जून के जारी कइल गइल रहे।

एह निर्देश के विरोध पटना नगर निगम के ओर से सशक्त स्थायी समिति के सदस्य डॉ. आशीष कुमार सिन्हा कइले रहले। चेतावनी देले रहले कि पटना नगर निगम सातवां वेतनमान पs रोक ना लागे दी।

आशीष के अनुसार, एक अप्रैल 2018 से सशक्त स्थायी समिति आ निगम बोर्ड से पारित प्रस्ताव के बाद सातवां वेतनमान दिहल जात रहे। ओ घरी करीब 1200 कर्मी रहलें। वर्तमान में 600 कर्मी कार्यरत बाड़े। इनका से सातवां वेतनमान के राशि ना वसूलल जाई। बात ना बनला पs कर्मचारियन खातिर न्यायालय के शरण में जाए के घोषणा कइल गइल रहे।

अनिश्चितकालीन हड़ताल पऽ जाए वाला रहलें कर्मी

डॉ. आशीष कुमार सिन्हा आदेश वापस होखला पs खुशी प्रकट कइले। दूसरका ओर पटना नगर निगम संयुक्त कर्मचारी समन्वय समिति के अध्यक्ष चंद्र प्रकाश सिंह एह आदेश के तुगलकी आदेश बतावत घरी 16 जून के बिहार राज्य लोकल बॉडी संयुक्त कर्मचारी संघर्ष मोर्चा के बइठक बोलवले रहलें। ओमें अनिश्चिकालीन हड़ताल पs जाए के घोषणा करे वाला रहले।

पटना नगर निगम आ कर्मचारी संगठनन के विरोध के बाद नगर विकास आ आवास विभाग अपना आदेश के स्थगित कऽ देले बा। चंद्रप्रकाश सिंह कहले कि मानसून में बिहार मे जनता परेशानियन से बच गइल। एह आदेश मे राज्यभर में जबरदस्त विरोध होखे वाला रहे। उम्मीद बा कि राज्य सरकार नगर निकाय के दैनिक कर्मियन के समस्यो के निरावन करी।

864150cookie-checkBihar News: नगर निकाय कर्मियन खातिर बड़ खबर! चेतावनी के बाद विभाग वापस लेलस 7वां वेतनमान बंद करे के आदेश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.