Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Weather Update: 3 जिलन में आज भारी बारिश के अलर्ट, एह इलाकन में जारी रही तपिश

मौसम विभाग उत्तरी बिहार के तीन जिलन में मंगर के भारी बारिश के अलर्ट जारी कइले बा। ओहिजा, दक्षिणी बिहार में उमस...

446
बिहार में अभी दु तरे के मवसम बनल बा। एक ओरि दक्षिणी बिहार के अधिकतर जिलन में भीषण गरमी, उमस आ तपिश से लोगन के हाल बेहाल बा। दुसरका ओरि उत्तर बिहार में बरखा के दौर चल रहल बा। मवसम विभाग बिहार के तीन जिलन में भारी बारिश के अलर्ट जारी कइले बा। मंगर के पूर्णिया, अररिया आ किशनगंज जिलन में एक-दू जगहन पs भारी बारिश होखे के आशंका बा।

मौसम वैज्ञानिकन के मोताबिक पूर्वी झारखंड आ अगल बगल के इलाकन में चक्रवातीय परिसंचरण के क्षेत्र बनल बा। एकरा प्रभाव से उत्तरी बिहार में मेघगर्जन के साथे बारिश हो रहल बा। सोमार के मधुबनी, अररिया, किशनगंज, सहरसा, मधेपुरा, पूर्णिया, भागलपुर आ कहिटार जिलन के कुछ इलाकन में मवसम में परिवर्तन देखल गइल। उत्तर बिहार में 10 जून ले आंधी-बारिश के इस्थिति बनल रही।

दक्षिणी बिहार में तपिश आ उमस से हाल बेहाल

ओहिज, दूसरका ओरि बिहार के दक्षिणी हिस्सन में भीषण गरमी और उमस से आमजन के हाल बेहाल बा। चक्रवातीय परिसंचरण क्षेत्र के एह इलाका में कवनो असर नहखे पड़ल। एह वजह से दक्षिणी बिहार के अधिकतर इलाकन में अधिकतम तापमान 40 डिग्री सेल्सियस से ऊपर बनल बा। एह इलाकन में फिलहाल गरमी से राहत मिले के कवनो असर नइखे लउकत।

 

270010cookie-checkBihar Weather Update: 3 जिलन में आज भारी बारिश के अलर्ट, एह इलाकन में जारी रही तपिश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.