Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

SRH के फाइनल में चहुँपल पक्का? साल 2011 से IPL में हो रहल बा अइसन; जानीं ई रिकॉर्ड

845
Google Ads 300*250 for posts

 

Sunrisers Hyderabad : आईपीएल 2024 के पहिला क्वालीफायर में कोलकाता नाइट राइडर्स अवुरी सनराइजर्स हैदराबाद के बीच 21 मई के अहमदाबाद मैदान में मैच होई। एह मैच में दुनु टीम में से जवन टीम जीती ऊ फाइनल खातिर क्वालीफाई करी. बाकिर अइसने एगो रिकार्ड बा जवन साल 2011 से आईपीएल में बरकरार बा. एकरा बारे में हमनी के बतावत बानी जा।

अंक तालिका में सनराइजर्स हैदराबाद टीम दूसरका स्थान पs रहे

आईपीएल 2024 के अंक तालिका में सनराइजर्स हैदराबाद टीम दुसरका जगहा पs आइल बिया. आईपीएल में 2011 से क्वालीफायर मैच खेलल जा रहल बा। ओकरा बाद से जवन टीम अंक तालिका में दुसरका जगहा पs बनल बा. उs फाइनल में पहुंच गईल बाड़ी। अगर एह रिकार्ड के देखल जाव तs ई तय लागत बा कि सनराइजर्स हैदराबाद टीम आईपीएल 2024 के फाइनल में चहुँप जाई. पिछला साल चेन्नई सुपर किंग्स टीम अंक तालिका में दुसरका जगहा पs रहुवे. फेर सीएसके ना खाली फाइनल में चहुँप गइल. दरअसल ई टीम गुजरात टाइटन्स के हरा के भी खिताब जीत लिहलस।

साल 2011 से IPL प्वाइंट्स टेबल में दूसरका स्थान हासिल करे वाला टीम

*IPL 2011- चेन्नई सुपर किंग्स

*IPL 2012- कोलकाता नाइट राइडर्स

*IPL 2013- मुंबई इंडियंस

*IPL 2014- कोलकाता नाइट राइडर्स

*IPL 2015- मुंबई इंडियंस

*IPL 2016- आरसीबी

*IPL 2017- राइजिंग पुणे सुपरजायंट्स

*IPL 2018- चेन्नई सुपर किंग्स

*IPL 2019- चेन्नई सुपर किंग्स

*IPL 2020- दिल्ली कैपिटल्स

*IPL 2021- चेन्नई सुपर किंग्स

*IPL 2022- राजस्थान रॉयल्स

*IPL 2023- चेन्नई सुपर किंग्स

*IPL 2024- सनराइजर्स हैदराबाद

हैदराबाद एक बेर आईपीएल के ट्रॉफी जीत चुकल बा

पैट कमिंस आईपीएल 2024 में सनराइजर्स हैदराबाद के कप्तान के जिम्मेदारी सम्हरले रहले. टीम खातिर अभिषेक शर्मा, राहुल त्रिपाठी, नितीश रेड्डी आ ट्रेविस हेड शानदार प्रदर्शन कइलन. टीम खातिर सगरी खिलाड़ी एकजुट होके आपन प्रदर्शन कइले बाड़न. हैदराबाद अपना बल्लेबाजी में गहराई आ गेंदबाजी में ताकत देखावत बा. हैदराबाद मौजूदा सीजन में 14 में से 8 मैच जीत के अंक तालिका में दुसरका जगहा पक्का कs लिहले बा. डेविड वॉर्नर के कमान में एसआरएच आईपीएल 2016 के ट्रॉफी जीत लिहलस।

 

 

835190cookie-checkSRH के फाइनल में चहुँपल पक्का? साल 2011 से IPL में हो रहल बा अइसन; जानीं ई रिकॉर्ड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.