[the_ad_group id="30365"]

IPL 2025: CSK आ RCB के बीच अइसन बा हेड टू हेड रिकॉर्ड, इs टीम मैच जितले में आगे

CSK आ RCB
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईपीएल 2025 में चेन्नई सुपर किंग्स आ आरसीबी के शानदार शुरुआत भइल बा.दुनो टीम आपन पहिला मैच जीत चुकल बाड़ी सँ. अब 28 मार्च के चेन्नई के चेपॉक मैदान में दुनु टीम के मुकाबला होखी. दुनु टीम के आपन प्रशंसक आधार बा आ एह टीम में स्टार खिलाड़ियन के सेना बा. अइसना में रोमांचक मुकाबला के उमेद बा. आरसीबी के कप्तान रजट पाटीदार बाड़े। एकरा संगे सीएसके के कमान रुतुराज गायकवाड़ के हाथ में बा। मैच से पहिले बता दी कि दुनु टीम के बीच हेड टू हेड रिकार्ड का बा. 

सीएसके टीम के हाथ बा आईपीएल में अब ले आरसीबी आ सीएसके के बीच कुल 33 गो मैच भइल बा जवना में से चेन्नई सुपर किंग्स 21 गो जीत हासिल कइले बिया. साथे साथ आरसीबी टीम 11 में जीत दर्ज करे में सफल रहल बा जबकि एक मैच के कवनो नतीजा नइखे मिलल. चेन्नई टीम आरसीबी के खिलाफ अउरी मैच जीतले बिया. अयीसना में आंकड़ा के मुताबिक चेन्नई के हाथ बा। 

पिछला सीजन में दुनु टीम के बीच दू गो मैच भइल रहुवे पिछला सीजन में आरसीबी आ चेन्नई सुपर किंग्स के बीच दू गो मैच भइल रहुवे जवना में से एगो मैच सीएसके जीतले रहुवे आ दोसरका मैच आरसीबी जीतले रहुवे. जबकि दुनो टीम के बीच खेलल गईल आखिरी मैच में सीएसके 6 विकेट से जीत हासिल कईले रहे। 

आईपीएल 2025 में दुनु टीम के शुरुआत बढ़िया रहल


आईपीएल 2025 में आरसीबी आ सीएसके दुनु टीम के बढ़िया शुरुआत भइल बा.आरसीबी टीम अपना पहिला मैच में केकेआर के 7 विकेट से हरा दिहले रहुवे. जबकि चेन्नई सुपर किंग्स अपना मैच में ओकरा के चार विकेट से हरा दिहले रहुवे. दुनु टीम के दू-दू अंक बा. बाकिर आरसीबी के नेट रन रेट प्लस 2.137 बा. एही से ऊ अंक तालिका में दुसरका जगहा पs बाड़न. जबकि सीएसके के नेट रन रेट प्लस 0.493 बा। एही से अंक तालिका में उs चउथा स्थान पs बाड़े। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

TAGS:, ,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]