34 साल के अंग्रेज ऑलराउंडर कइले संन्यास के ऐलान, 2 बेर फाइनल में कइले रहले कमाल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 19, 2025

दमदार ऑलराउंडर जोश कोब प्रोफेशनल क्रिकेट के अलविदा कह दिहले बाड़न.  रिटायरमेंट के बाद अब जोश वारविकशायर के एगो लड़िकन के अकादमी के प्रमुख के नाया भूमिका निभाविहे।  17 साल के करियर में 13 हजार

Share

जोश कोब

दमदार ऑलराउंडर जोश कोब प्रोफेशनल क्रिकेट के अलविदा कह दिहले बाड़न.  रिटायरमेंट के बाद अब जोश वारविकशायर के एगो लड़िकन के अकादमी के प्रमुख के नाया भूमिका निभाविहे।  17 साल के करियर में 13 हजार से अधिका रन बनावे वाला कोब क्लब के सबले होनहार युवा प्रतिभा के विकास आ प्रगति के देखरेख करीहें.  वारविकशायर के अकादमी में हाल के सालन में जैकब बेथेल, डैन मूसली, रॉब येट्स आ सैम हैन जइसन खिलाड़ियन का साथे साथ इंग्लैंड के नवही हमजा शेख आ ताज अली के तैयार  भइल बा.

जोश कोब 2007 में लेस्टरशायर के साथ आपन कैरियर के शुरुआत महज 17 बरिस के उमिर में कइलें आ 448 गो प्रोफेशनल मैच खेललें।  ऑफ स्पिन गेंदबाज के रूप में ऊ अपना नाम पs 133 विकेट ले लिहलन.  साल 2008 में ऊ पहिली बेर लाइमलाइट में अइलें जब ऊ लॉर्ड्स में मिडिलसेक्स के खिलाफ नाबाद 148 रन बनवलें आ अपना टीम खातिर शतक बनावे वाला सभसे कम उमिर के खिलाड़ी बन गइलें।

दू बेर फाइनल में पी.ओ.एम.पुरस्कार

 

ऊ नॉर्थम्पटनशायर आ वॉर्सेस्टरशायर के प्रतिनिधित्व भी कइलें।  एकरे अलावा ऊ 2013 में ढाका ग्लेडिएटर्स के साथ बांग्लादेश प्रीमियर लीग जीतले रहलें आ हंड्रेड में वेल्स फायर के कप्तान रहलें।  एकरा अलावा टी-20 ब्लास्ट फाइनल में दू बेर प्लेयर ऑफ द मैच भी चुनल गइलें। 

34 बरीस के कोब के रेड एंड व्हाइट बॉल क्रिकेट के बहुते अनुभव बा.  ऊ लेस्टरशायर आ नॉर्थम्पटनशायर दुनु के व्हाइट बॉल टीमन के कप्तान रहल बाड़न.  पिछला साल सितंबर में इंग्लैंड में भइल वनडे सीरीज के दौरान ऊ आस्ट्रेलियाई खिलाड़ियन के साथे दू हफ्ता ले कंसल्टेंट कोच के रूप में काम कइलन. 
इहो पढ़ीं; भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.