Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गाजियाबाद में 8वीं ले के स्कूल 25 मई ले बंद,भीषण गरमी के चलते लिहल गइल फैसला

109
Google Ads 300*250 for posts

 

गाजियाबाद में कक्षा आठ तक के सभ स्कूल 25 तारीख ले बंद रही। जिला मजिस्ट्रेट इन्द्र विक्रम सिंह गरमी के बढ़त तापमान के देखत अवुरी गरमी के लहर रोके खातीर इs फैसला कईले बाड़े। क्रम में कहल गइल बा कि एह आदेश के कड़ाई से पालन होखे के चाहीं. दिल्ली समेत उत्तर भारत के अधिकांश राज्य में हीट अलर्ट जारी कs दिहल गईल बा। ओकरा बाद से स्कूल के लेके फैसला लिहल जा रहल बा। बुलंदशहर में 12 तारीख से सगरी स्कूलन के 20 मई के बंद घोषित कs दिहल गइल बा. अतवार के दिने एहिजा के तापमान 44 डिग्री पार हो गइल रहे. हरियाणा में भी जिला उपायुक्त के स्कूल बंद करे के आदेश दिहल गईल बा।

आईएमडी के वरिष्ठ वैज्ञानिक नरेश कुमार कहले कि वर्तमान स्थिति अगिला सप्ताह ले जारी रही। उs कहले कि, “आम तौर पs मई महीना के सबसे गरम महीना मानल जाला। जदी उत्तर भारत पs बरखा के गतिविधि ना होई तs सामान्य तौर पs तापमान 45 डिग्री सेल्सियस के पार के जाला। अनुमान बा कि अगिला सप्ताह इs स्थिति दोहरावल जाई। इs तब ले चली।”

कई राज्यन में अत्यधिक गरमी के रेड अलर्ट

नरेश कुमार आगे कहले कि अगिला 5 दिन ले इs स्थिति बनल रही। हमनी के राजस्थान, पंजाब अवुरी हरियाणा में रेड अलर्ट जारी कईले बानी। अगिला 3-4 दिन ले यूपी में गरमी के लहर के स्थिति बनल रही। हमनी के कुछ राज्य खातीर ऑरेंज अलर्ट भी जारी कईले बानी।

भारत के मौसम विभाग शनिचर के दिने कहलस कि राजस्थान, उत्तर प्रदेश आ गुजरात के कुछ हिस्सा में 45 डिग्री सेल्सियस से ऊपर के तापमान दर्ज भइल बा. आईएमडी के कहनाम बा कि राजस्थान के बाड़मेर में पारा के तापमान 46.9 डिग्री सेल्सियस ले पहुंच गईल। उत्तर प्रदेश के कानपुर में भी तापमान 46.9 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल बा। एकरा संगे गुजरात के सुरेंद्रनगर अवुरी दीसा में शनिचर के तापमान 45 से 45.5 डिग्री सेल्सियस के बीच दर्ज भईल।

 

 

 

833460cookie-checkगाजियाबाद में 8वीं ले के स्कूल 25 मई ले बंद,भीषण गरमी के चलते लिहल गइल फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.