खुशखबरी: एमपी के इ अभ्यारण 7वां टाइगर रिजर्व घोषित, अब एह नया नाम से होइ पहचान

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2023

    सागर के नौरादेही अभ्यारण्य के टाइगर रिजर्व के दर्जा मिलल बा। नौरादेही अभ्यारण्य मध्य प्रदेश के सबसे बड़ आ सातवाँ टाइगर रिजर्व बन गइल बा। नौरादेही अभ्यारण्य के नाम अब रानी दुर्गावती टाइगर

Share

 

 

सागर के नौरादेही अभ्यारण्य के टाइगर रिजर्व के दर्जा मिलल बा। नौरादेही अभ्यारण्य मध्य प्रदेश के सबसे बड़ आ सातवाँ टाइगर रिजर्व बन गइल बा। नौरादेही अभ्यारण्य के नाम अब रानी दुर्गावती टाइगर रिजर्व राखल जाई।

एकरा खातीर राज्य सरकार अधिसूचना जारी कईले बिया। सागर आ दमोह जिला के दू गो अभ्यारण्य के मिला के रानी दुर्गावती टाइगर रिजर्व बनावल गइल बा। नौरादेही अभ्यारण्य जिला में सागर-दमोह आ नरसिंहपुर सीमा के किनारे बा। अबे नौरादेही अभ्यारण्य में 15 टाइगर बाड़े।

पिछला साल 2018 में टाइगर पुनर्स्थापन प्रोजेक्ट के तहत कान्हा से बाघि राधा के आ बाघ किशन के बांधवगढ़ से ले आके ओहिजा बसावल गइल रहे।धीरे-धीरे नौरादेही में 15 गो बाघ हो चुकल बा। नौरादेही अभ्यारण्य आपन प्राकृतिक भेड़िया आवास खातिर भी जानल जाला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.