[the_ad_group id="30365"]

बकरी दिहलस दु गो बछड़न के जनम, कुदरत के करिश्मा देख लोग बोलले- दैवीय चमत्कार, करे लगले पूजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिहार के औरंगाबाद जिला के बिलासपुर गांव में नयका साल के शुरुआत में एगो अजीब मामिला सोझा आईल बा। इहाँ एगो बकरी के तीन बच्चा पैदा भईल। दू गो बकरी के बच्चा गाय के बछड़ा निहन देख के लोग अचरज में पड़ गईले। एह दुनो बच्चा के चेहरा, गोड़, खुर अवुरी संरचना ठीक गाय के बछड़ा निहन बा। कुछ लोग एकरा के दिव्य चमत्कार कहत बछरू के पूजा करे लगले। कुछ जानला के बाद कहल गईल कि इ हार्मोनल डिसऑर्डर हs। हालांकि इलाका में पहिला बेर ए प्रकार के मामिला सोझा आईल बा।

दुनो बकरी के बच्चा ठीक गाय के बछड़ा निहन देखाई देतारे। दुनु ठीक सुतल बछरू निहन लउकत बाड़े। जइसहीं ई खबर पास के लोगन तक पहुँचल, ओहिजा भीड़ जमा हो गइल। लोग तमाम तरह के बात पs चर्चा कर रहल बा।

कुछ लोग एह लइकन के प्रकृति के चमत्कार कह के प्रणाम करे लगले। पशुपालक जीतन सिंह के घर में सोमार के सबेरे बकरी तीन बच्चा के जन्म देलस, लेकिन जब उ दु बच्चा के देखलस तs उ अचरज में पड़ गईल। पड़ोसी आ गाँव के लोग दौड़त-दौड़त ओहिजा पहुँचल।

पशु चिकित्सक के मुताबिक, कबो-कबो आनुवंशिक विकार अवुरी जटिलता के चलते भ्रूण के आकार में बदलाव होखेला। इहे कारण बा कि एह दुनिया में प्रकृति के कई गो अनोखा रूप देखे के मिलेला।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]