गुजरात बोर्ड परीक्षा में टॉप करे वाली छात्रा के रिजल्ट के 4 दिन बाद ब्रेन हेमरेज से मउत
गुजरात बोर्ड के परीक्षा में टॉप करेवाला छात्र के रिजल्ट के मात्र 4 दिन बाद ब्रेन हेमरेज से मउत हो गईल। परिवार छात्रा के आंख दान कs देले बा। संगही परिवार के ओर से छात्रा के बॉडी मेडिकल कॉलेज के दान में देले बा। ताकि मेडिसिन के पढ़ाई करेवाला डॉक्टर के मदद मिल सके। छात्रा के नाम हीर घेटिया हs अवुरी उs मोरबी के निवासी रहली। परिवार के लोग बतवले कि हीर डॉक्टर बने के चाहत रहली। दसवीं बोर्ड परीक्षा में ऊ 99.70% अंक हासिल कs के टॉपर में जगह पक्का कs लिहले. गणित विषय में हीर के 100 में से 100 अंक मिलल रहे।
हीर के परिवार के लोग बतवले कि करीब एक महीना पहिले उनुका दिमाग में रक्तस्राव हो चुकल रहे। एकरा बाद उनुका के राजकोट के एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गईल। हीर के ऑपरेशन इहाँ भईल रहे। ऑपरेशन के बाद हीर भी अपना घर वापस आ गईली। बाकिर कुछ दिन बाद उनका फेर से साँस लेवे में परेशानी होखे लागल। साथ ही दिल के दर्द होखे लागल। एकरा बाद हीर के राजकोट के एगो ट्रस्ट चलावे वाला बीटी सावानी नाम के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। इहाँ डाक्टर लोग हीर के आईसीयू में रखले रहे। हीर के दिमाग के एमआरआई करावल गईल। एकरा रिपोर्ट में पाता चलल कि हीर के दिमाग 80 से 90 प्रतिशत काम कईल बंद कss देले बा। 15 मई ले हीर के दिल भी काम बंद हो गईल। एकरा बाद उनुकर मउत हो गईल
हीर डाक्टर बने के चाहत रहली
हीर के परिवार के लोग बतवले कि पढ़ाई में हमेशा टॉप करे वाली हीर डॉक्टर बने के चाहत रहली। अब उs कहले बाड़े कि हीर के सपना पूरा ना हो सकल, बाकीर उनुकर शरीर डॉक्टर बने के चाहत मेडिकल छात्र के मदद करी। उनकर सबसे बड़ अफसोस ई बा कि साल भर पढ़ाई में जवन मेहनत कइले रहली ओकर परिणाम देखे खातिर ना जियली। परिवार के लोग बतवले कि हीर के सव दान कs के समाज के प्रति आपन जिम्मेवारी पूरा कईले बानी। ई दोसरा खातिर एगो मिसाल बन जाई.
Comments are closed.