Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एम्स: गोरखपुर में चिकित्सकीय सुविधा होंइ पहिले से अउर बेहतर, अइहें 97 सीनियर रेजिडेंट

115

 

अखिल भारतीय चिकित्सा विज्ञान संस्थान (एम्स) गोरखपुर में 97 सीनियर रेजिडेंट (एसआर) रहीहें। एकरा खातिर साक्षात्कार प्रक्रिया शुरू हो गइल बा. इनका अइला से चिकित्सा सेवा पहिले से बेहतर हो जाई।

साक्षात्कार 21 मई के एम्स में होई, एसआर के अइला से मरीजन के इलाज में सुविधा होई।

अबे एसआर के कमी के चलते समस्या हो रहल बा। एनेस्थेसिया विभाग में एसआर के भारी कमी के चलते संकाय के दिन-रात मेहनत करे के पड़ेला। एसआर के कमी से होखेवाला समस्या के देखत एम्स प्रशासन बहाली शुरू कs देले बा। 97 पद में से 10 पद अनआरक्षित, 18 ईडब्ल्यूएस, 29 अन्य पिछड़ा वर्ग आ 27 अनुसूचित जाति खातिर आरक्षित बा।

 

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.