Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Lok Sabha : स्टार पवन सिंह नामांकन हलफनामा दाखिल कइले, 12 करोड़ रुपया के मालिक बाड़े, उ लोन के भी जिक्र कइले

135
Google Ads 300*250 for posts

बिहार : भोजपुरी स्टार पवन सिंह आपन नामांकन हलफनामा दाखिल कइले बाड़न । हलफनामा में दिहल आंकड़ा के मुताबिक उनका लगे कुल 11 करोड़ 70 लाख 50 हजार रुपया के चल आ अचल संपत्ति बा। उ एक करोड़ रुपया के कर्जा के भी जिक्र कइले बाड़े।

काराकाट संसदीय क्षेत्र से निर्दलीय उम्मीदवार आ भोजपुरी स्टार पवन सिंह आपन नामांकन हलफनामा दाखिल कइले बाड़न । उनका नामांकन पत्र के मुताबिक सिने स्टार पवन सिंह 11.7 करोड़ रुपया के मालिक बाड़े। उनका ओर से दिहल आंकड़ा के मुताबिक उनका लगे कुल 11 करोड़ 70 लाख 50 हजार रुपया के चल आ अचल संपत्ति बा। पवन सिंह के लगे करीब एक करोड़ के चार कार बा, जवना में एगो स्कूटी भी शामिल बा। निवास के संबंध में दिहल जानकारी के मुताबिक एक फ्लैट लखनऊ में आ 4 फ्लैट मुंबई में बा। एकर कुल दाम 5 करोड़ बा। एकरा अलावे पटना आ आरा में एक करोड़ रुपया के जमीन बा। पवन सिंह में 350 ग्राम सोना बा। उ पोखराज पत्थर के अंगूठी भी पहिनले बाड़े।

लोन के बारे में भी उल्लेख कइल गइल

पवन सिंह नामांकन पत्र में लोन लेवे के बारे में भी बतवले बाड़े। उ बतवले बाड़े कि मुंबई के आईसीआईसीआई बैंक में उनका लगे 50-50 लाख रुपया के दुगो लोन बा यानी पवन सिंह कहले बाड़े कि उ अपना खातीर एक करोड़ रुपया के लोन लेले बाड़े। उनका ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक पवन सिंह के मुंबई के आईसीआईसीआई बैंक, एचडीएफसी बैंक आ बिहार के डेहरी में चार बैंक खाता बा, जवना में उनका लगे 2 करोड़ 60 लाख 10237 रुपया बा।

कानूनी बाधा भी बा

नामांकन पत्र में उल्लेख करत पवन सिंह कहले कि उनका खिलाफ शारीरिक शोषण आ आचार संहिता के उल्लंघन समेत कुल सात मामला दर्ज बा। रोहतास जिला में रैली के दौरान आचार संहिता के उल्लंघन के मामला में एकही दिन पांच अलग-अलग थाना क्षेत्र में कुल पांच मामला दर्ज भइल। एकरा अलावे उत्तर प्रदेश के बलिया कोर्ट में भरण पोषण के मामला चलता। मुंबई शहर के सिविल कोर्ट में शारीरिक शोषण आ सोशल मीडिया से जुड़ल मामला चलता। नामांकन हलफनामा दाखिल करत पवन सिंह के समर्थकन के भारी भीड़ रहे।

822150cookie-checkLok Sabha : स्टार पवन सिंह नामांकन हलफनामा दाखिल कइले, 12 करोड़ रुपया के मालिक बाड़े, उ लोन के भी जिक्र कइले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.