[the_ad_group id="30365"]

योगी सरकार सड़क सुरक्षा के लेके करे जा रहल बिया ई काम, 10 करोड़ के करी खर्च

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

योगी सरकार सड़क सुरक्षा को लेके परिवहन निगम के 10 करोड़ रूपिया आवंटित कइल जाई। निगम के बसन के माध्यम से सड़क सुरक्षा के लेके जागरूकता आ प्रचार-प्रसार करे के निर्णय लिहल गइल बा।

योगी सरकार परिवहन निगम के बसन के माध्यम से सड़क सुरक्षा के लेके जागरूकता आ प्रचार-प्रसार करे के निर्णय लिहल गइल बा। निगम ले बसन के पीछा सड़क सुरक्षा के स्लोगन आ संदेश लगावल जाई, जवना से बड़ पैमाना पs लोग सड़क सुरक्षा के विषय में जागरूक हो सके। एकरा खातिर परिवहन निगम के 10 करोड़ रूपिया आवंटित कइल जाई।

उत्तर प्रदेश राज्य सड़क परिवहन निगम के अध्यक्ष आ प्रमुख सचिव परिवहन एल. वेंकटेश्वर लू के अध्यक्षता में आयोजित महत्वपूर्ण बैठक में एकर अनुमोदन कइल गइल । बइठक में परिवहन विभाग आ परिवहन निगम के वरिष्ठ अधिकारी लो हिस्सा लेलस। बइठक में परिवहन विभाग के ओर से वर्ष 2024-25 में राजस्व में वृद्धि पs चर्चा भइल। एह घरी परिवहन निगम प्रदेश भर में 11800 बसन के संचालन कर रहल बा, जवना में से 2500 बस चुनाव ड्यूटी में लागल बाड़ी सन। कुल बसन के पीछे सड़क सुरक्षा के स्लोगन आ संदेश के माध्यम से जन जागरूकता के प्रयास कइल जाई। एमें लोगन के अपना साइड में वाहन चलावे, कार चलावत घरी सीट बेल्ट लगावे, एल्कोहल के सेवन कऽ के गाड़ी ना चलावे के साथे सड़क सुरक्षा से संबंधित आउर संदेश शामिल होई।

सड़क सुरक्षा पखवाड़ा में करावल गइल गतिविधि परिवहन विभाग के ओर से हालही में 22 अप्रैल से चार मई के बीच सड़क सुरक्षा पखवाड़ा मनावल गइल, जवना में बड़ पैमाने पs गतिविधियन के जरिए लोगन के सड़क सुरक्षा आ यातायात नियमन के पालन करे खातिर जागरूक कइल जाई। एकरा तहत राष्ट्रीय राजमार्गन पs टोल प्लाजा के करीब चालकन के स्वास्थ्य आ नेत्र परीक्षण खातिर कैंप लगावल गइल, जबकि अगिला प्लाजा पs ट्रैक्टर ट्रालियन में रेट्रो रिफ्लेक्टिव टेप लगवला के लेके कार्रवाई कइल गइल। एकरा साथही रोड सेफ्टी क्लब आ वालंटियर्स के माध्यम से 18 वर्ष से कम आयु के युवा सन के वाहन ना चलावे के प्रति जागरूक कइल गइल तऽ ओहिजा दूपहिया वाहन चालकन के हेल्मेट अनिवार्य रूप से पहिरे, स्टंटिंग ना करे, रांग साइड ड्राइविंग, ओवरस्पीड, वाहन चलातेसमय मोबाइल फोन के प्रयोग ना करे खातिर प्रेरित कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]