Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Manish Kashyap: ‘केके पाठक जी खाली मास्टर लो पऽ खिसियाले, जदि रऊआ में दम बा तऽ…., मनीष कश्यप मुख्य अपर सचिव के कइले चैलेंज

426
Google Ads 300*250 for posts

हाले में जेल से निकलल बाड़े बिहार के फेमस यूट्यूबर मनीष कश्यप बिहार शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव केके पाठक प आपन रोब झड़ले। मनीष कश्यप केके पाठक के काम के तारीफो कइले हऽ बाकिर ओकरा साथे एगो चुनौतीयो दे देले। मनीष कश्यप कहले हऽ केके पाठक जी केवल शिक्षके लो पऽ खीस निकालब। मनीष कश्यप एक बार फेर से एक्टिव हो गइल बाड़े। उऽ लगातार समाजिक मुदन पऽ फेर से खुलके के बोल रहल बाड़े। मनीष कश्यप अबकि बेर केके पाठक (KK Pathak) के घेरले बाड़े। उऽ अपना इंस्टाग्राम चैनल के जरीये केके पाठक के चुनौती देले बाड़े।

का कहले मनीष कश्यप 

मनीष कश्यप (Manish Kashyap) कहले हऽ कि केके पाठक जी  हम राउर बहुत सम्मान करेनी। राउर काम करे के तरीको ठीक बा। बाकिर ई बताइ कि कतना जिला शिक्षा पदाधिकारी के सस्पेंड कइले बानी। खाली टीचर लो पऽ खीस दिखाइब। अरे पतई हिलावे से कुछ ना होई केके पाठक जी। इहाँ जड़ में दियका लागल बा। इहाँ यूरिया , खाद , पोटाश जवन डाले के बा डालि।

पटना के डीएम के साथे रऊआ ठीक ना कइले रही : मनीष कश्यप

मनीष कश्यप कहले कि पाठक जी का तरीका हमरा पसंद बा। बाकिर उऽ जवन पटना के डीएम साथे लड़नी उऽ गलत रहे। हमरा भीतर जवन खराब चीज बा, ओकरा के हम स्वीकार करऽ तानी ठीक नु। हम एग्रेसिव बोलत रही आ ई गलत रहे।

जदि रऊआ चार गो DEO के सस्पेंड करब तऽ हम राउर पूजा करब 

आउर मनीष कश्यप कहले हऽ कि केके पाठक जी हम राउर पूजा करब जदि रऊआ पूरा बिहार के चार गो जिला शिक्षा पदाधिकारी के सस्पेंड करब। ना तऽ हम ना मानब। खाली टीचर लो पऽ खीस मत देखाई।

731640cookie-checkManish Kashyap: ‘केके पाठक जी खाली मास्टर लो पऽ खिसियाले, जदि रऊआ में दम बा तऽ…., मनीष कश्यप मुख्य अपर सचिव के कइले चैलेंज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.