[the_ad_group id="30365"]

विधान परिषद के 11 सीटन खातिर के लिए आज से नॉमिनेशन : जरूरत पड़ला पs वोटिंग होई, सीएम नीतीश कुमार के कार्यकाल हो रहल बा खत्म

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार विधान परिषद चुनाव खातिर नोटिफिकेशन जारी हो गइल। निर्वाचन विभाग एकर अधिसूचना जारी कइले बा। एकरा संगही प्रत्याशियन के नामांकन सोमार से सुरू हो जाई। एमएलसी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, राबड़ी देवी सहित 11 के कार्यकाल मई के पहिला सप्ताह में पूरा हो रहल बा।

नोटिफिकेशन के मोताबिक खाली होखे वाला सीटन पs नामांकन के प्रक्रिया चार मार्च से सुरू होई, जवन 11 मार्च तक चली। अगिला दिन माने 12 मार्च के नामांकन के जांच होई। 14 मार्च के नामांकन वापस लिहल जाई। संभावना बा कि 21 मार्च के वोटिंग हो सकत बा। एही दिन नतीजो आई।

विधान परिषद के जवन सीट खाली भइल बा, उनकर नाम एह तरे बा..

  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार
  • पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी
  • भाजपा नेता सैयद शाहनवाज हुसैन
  • जदयू नेता संजय कुमार झा
  • कांग्रेस नेता प्रेमचंद्र मिश्रा
  • हम नेता संतोष कुमार सुमन
  • भाजपा नेता मंगल पांडेय
  • राजद नेता रामचंद्र पूर्वे
  • जदयू नेता खालिद अनवर
  • रामेश्वर महतो
  • भाजपा नेता संजय पासवान

NDA के पांच उम्मीदवारन के जीतल तय

बिहार में नया NDA सरकार बनला के बाद विधानसभा के संख्या बल के आधार पs एनडीए के पांच उम्मीदवार के जीतल तय बा। छठा सदस्य के जीत खातिर अतिरिक्त वोट जुटावे के होई। मिलल जानकारी के मोताबिक, एगो उम्मीदवार के जीत खातिर 22 विधायकन के समर्थन के जरूरत होई। अइसन में एनडीए के लगे भाजपा के 78, जदयू के 45 आ हम के चार आ एगो निर्दलीय विधायक के वोट बा। एमे तीन सीट भाजपा आसानी से जीत ली आ जदयू दु सीट निकाल ली। एगो सीट पs मुख्यमंत्री के चुनाव होई। दूसरका सीट पs जदयू के कवनो दिग्गज के भेजल जाई।

विधान परिषद में कुल 75 सीट

विधान परिषद में कुल 75 सीट बा। एमे 27 जनप्रतिनिधियन के चुनाव विधानसभा के सदस्य करी  लो। विधान परिषद के एक-तिहाई सीटन पs हर दु साल के बाद रिक्त होत होला, जवना पs मतदान करावल जात बा।

विधान परिषद के 11 सीटन पs निर्वाचित सदस्यन के कार्यकाल छह मई के पूरा हो रहल बा। एह सब सदस्यन के चुनाव विधानसभा के सदस्य करी लो। एकरा खातिर विधानसभा में बूथ के गठन कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]