[the_ad_group id="30365"]

सब नेता दु मुंहा सांप लेखा, हमहूं ओहि में के एगो बानी : ओमप्रकाश राजभर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

योगी मंत्रिमंडल विस्तार में खुद के सामिल होखला के लेके बड़-बड़ दावा करे वाला सुभासपा अध्यक्ष ओम प्रकाश राजभर के धैर्य जवाब देवे लागल बा। विस्तार में हो रहल देरी के वजह से राजभर अब ‘प्रेशर पॉलिटिक्स’ पs उतर आइल बाड़ें। कइयन बेर मंत्री बने के तिथि बतावे वाला राजभर अबकी बेर कहले बाड़ें कि सब नेता दु मुंहा सांप जइसन होला लो। आ हमहूं ओहि के एगो बानी। इहो कहले कि इंडिया गठबंधन के कइयन नेता उनका संपर्क में बा लो, कब के पलट जाए पता नइखे।

राजभर मंगर के एगो न्यूज चैनल से बातचीत में कहलें कि जेकरा लगे ताकत होला, ओकरा के सब केहू पूछेला। मंत्रिमंडल विस्तार से जुड़ल सवाल पs ऊ कहलें कि सत्ता से हटला के बाद अधिकांश नेता टूट जाला लो, बाकिर हमहीं एगो अइसन नेता बानी, जवन सत्ता से हटला के बाद टूटला के बजाय आ आउर मजबूत भइल बा। एहिसे आज सब दल के नेता लोगन के निगाह सुभासपा पs बा। ऊ दावा कइलें कि 2024 के लोकसभा चुनाव में यूपी में सुभासपा के मदद पावे के लेके सब दल संपर्क कs रहल बाड़ी सs। इहो कहलें कि समय अइला पs ऊ निर्णय लिहें।

हालांकि सांझ के राजभर के बेटा अरुण राजभर सोशल मीडिया पs चल रहल खबर के बेबुनियाद बतवले बाड़ें। ऊ कहलें, सुभासपा एनडीए के संगे मजबूती से खड़ा बिया आ मोदी-योगी के विजन के लेके जनता के बीच में जाई। ऊ इहो कहलें कि सुभासपा अध्यक्ष दुमुंहा सांप सपा के संबंध में कहले बाड़ें, ना कि आउर नेता लोगन के बारे में।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]