[the_ad_group id="30365"]

अमेरिका में तूफान: दस लाख घरन-प्रतिष्ठानन के बिजली गुल, पांच करोड़ लोग प्रभावित; 1000 से जादे उड़ान निरस्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वी अमेरिका फिलहाल भारी तूफान आ बवंडर के चपेट में बा। एह वजह से न्यूयॉर्क से अलबामा तक लगभग दस लाख घरन आ व्यवसायन के बिजली गुल हो चुकल बा। भारी तूफान के कारण हजारन उड़ान रद्द हो चुकल बा। करीब पांच करोड़ लोग तूफान के कारण परेसान बा।

बिजली के कारण अलग-अलग शहरन के लोग परेसान

अग्निशमन विभाग के प्रमुख बतवलें कि मंगर के सबेरे तक उत्तरी कैरोलिना में 1,00,000 लोग, पेंसिल्वेनिया में 95,000 आ  मैरीलैंड में 64,000 लोग अभियो बिजली ना होखला से परेसान बा। मंगर के सबेरे 1000 से जादे उड़ानन में देरी भइल बा।फेडरल एविएशन एडमिनिस्ट्रेशन द्वारा (एफएए) सोमार के न्यूयॉर्क, फिलाडेल्फिया, अटलांटा आ वाशिंगटन डीसी में हवाईअड्डन खातिर ग्राउंड स्टॉप जारी कइल गइल बा।

तूफान के कारण कइयन गो मौत भइल

दक्षिण कैरोलिना के एंडरसन में तूफान के दौरान इवाना क्रिस्टोफर किनले (15) अपना दादा के घरे गइल रहे। एह दौरान जइसही ऊ कार से बाहर निकलल ओइसही ऊ एक बेर गाछ से टकरा गइल, जवना से ओकर मौत हो गइल। ओहिजा फ्लोरेंस में 28 साल के एगो व्यक्ति पs बिजली गिर गइल, जवना से ओकरो मौत हो गइल। मौसम विभाग के कहनाम बा कि अमेरिका में बिजली गिरला से मौत होखल दुर्लभ बा। अमेरिका में हर साल औसतन खाली 20 लोग बिजली गिरला से मारल जाला।

सबसे प्रभावशाली घटनन में से एगो

मौसम विभाग तूफान के सबसे प्रभावशाली गंभीर मौसम घटनन में से एगो के चेतावनी देले रहे। एह दशक में पहिला बेर मौसम विभाग डीसी शहर में चार-पांच स्तर के जोखिम जारी कइले रहे। मौसम विभाग के चेतावनी के मोताबिक, सरकारी कर्मचारियन के जल्दी घर भेज दिहल गइल रहे। मौसम वैज्ञानिक एलीन व्हेलन बतवलें नुकसान ओतना जादे नइखे, जेतना के आशंका व्यक्त कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]