Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आज से सुरू होई 12वीं के प्री-बोर्ड प्रैक्टिकल परीक्षा: गोरखपुर के 1.10 लाख परीक्षार्थी होइहें, CCTV के रिकॉर्डिंग रखे के पड़ी सुरक्षित

736

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के 12वीं के प्री-बोर्ड प्रैक्टिकल परीक्षा 5 जनवरी से सुरू होई। जबकि लिखित परीक्षा 13 जनवरी से होई। UP बोर्ड से जुड़ल सरकारी आ गैर सरकारी शिक्षण संस्थानन के बोर्ड परीक्षा फरवरी में होखे बा। एकरा पहले प्री-बोर्ड के प्रैक्टिकल आ लिखित परीक्षा जनवरी के अंत तक समाप्त होखे के बा।

क्लास 12वीं के प्री-बोर्ड प्रैक्टिकल परीक्षा 5 से 12 जनवरी तक करावल जाई। 9वीं आ 11वीं क्लास के ऐनुअल परीक्षा आ 10वीं व 12वीं के लिखित परीक्षा 13 से 22 जनवरी के बीच करावल जाई। प्री-बोर्ड परीक्षन के दौरान CCTV रिकॉर्डिंग रखल जरूरी होई। एकर निगरानी कंट्रोल रूम से होई। परीक्षा CCTV रिकॉर्डिंग के DVR में स्कूल के प्रिंसिपल के सुरक्षित रखे के होई।

प्री-बोर्ड परीक्षा के तइयारी

एह संबंध में DIOS डॉ. अमरकांत सिंह बतवलें कि साल 2024 के 10वीं आ 12वीं के बोर्ड परीक्षा में गोरखपुर के 1 लाख 10 हजार परीक्षार्थी सामिल होई लो। एकरा पहिले होखे वाला प्री-बोर्ड परीक्षा के तइयारी कइल जा रहल बा। प्रैक्टिकल सहित प्री-बोर्ड के लिखित परीक्षा पारदर्शिता के संगे होई।

705710cookie-checkआज से सुरू होई 12वीं के प्री-बोर्ड प्रैक्टिकल परीक्षा: गोरखपुर के 1.10 लाख परीक्षार्थी होइहें, CCTV के रिकॉर्डिंग रखे के पड़ी सुरक्षित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.