Lakhimpur: पैर में गोली लगला से गो-तस्कर घायल, दु दो आरोपी गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 6, 2024

धौरहरा आ खमरिया पुलिस टीम एह मुठभेड़ के दौरान धौरहरा थाना क्षेत्र में गाय तस्कर के घटना के अंजाम देवे वाला दु गो गो तस्कर के गिरफ्तार कऽ लेलस। एह मुठभेड़ में जवाबी कार्रवाई में

Share

धौरहरा आ खमरिया पुलिस टीम एह मुठभेड़ के दौरान धौरहरा थाना क्षेत्र में गाय तस्कर के घटना के अंजाम देवे वाला दु गो गो तस्कर के गिरफ्तार कऽ लेलस। एह मुठभेड़ में जवाबी कार्रवाई में एगो गौ तस्कर घायल हो गइल।

धौरहरा थाना क्षेत्र के लालजीपुरवा आ खमरिया थाना क्षेत्र के लुधोनी में दू दिन पहिले मवेशी तस्कर गाय मार के के फरार हो गइल रहले। दुनो थाना के पुलिस के अलावे एससी गणेश प्रसाद शाहा घटना के जल्दी से खुलासा करे खातिर स्वाट सर्विलांस  टीमो तैनात कइले रहले। शनिचर के रात पुलिस टीम के सूचना मिलल कि गाड़ी में गोमांस लाद के गाय तस्कर सरसावा के ओर आवत बाड़े। जानकारी पs धौरहरा के सीओ प्रीतम पाल सिंह, धौरहरा कोतवाली के प्रभारी निरीक्षक सुरेश कुमार एसआई बृम्हानंद यादव, खमरिया कोतवाली प्रभारी विवेक उपाध्याय सरसावा के नजदीक घेराबंदी कइले आ जब मवेशी तस्कर पुलिस के देखले तऽ गोलीबारी शुरू कऽ देले।

पुलिस के जवाबी कार्रवाई में मझांगई निवासी गुलशेर के गोड़ में गोली लाग गइल, जवना के चलते उऽ घायल हो गइले। पुलिस गुलशेर आ उनकर एगो सहयोगी बरेली निवासी वकील अहमद के गिरफ्तार कऽ लेलस। जबकि बाकी तीन साथी रात के अन्हार के फायदा उठावत भाग गइले। पुलिस मौका से गोमांस, 315 बोर के पिस्तौल आ कारतूस लेके एगो चार पहिया गाड़ी जब्त कइले बिया। पुलिस मुठभेड़ में घायल गुलशेर के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

सीओ प्रीतम पाल सिंह बतवले कि नीम गांव में गाय के मा के कार से बहराइच ले जात दू गो गाय तस्कर के मुठभेड़ के दौरान गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। जबकि बाकी तीन गिरोह के सदस्य अन्हार के फायदा उठावत भाग गइले। जेकरा के खोजल जा रहल बा। उहे गिरोह धौरहरा आ खमरिया में गाय मरले रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.