[the_ad_group id="30365"]

डीडीयू : दशहरा में अब चार दिन तक रही छुट्टी, पहिले खाली एक दिन के रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय आ संबद्ध कॉलेजन में दशहरा पs चार दिन के छुट्टी रही। कैलेंडर में दशहरा पs खाली एक दिन के अवकाश घोषित कइल गइल रहे। कुलसचिव प्रो. शांतनु रस्तोगी शनिचर के आदेश जारी कऽ देले।

दशहरा के छुट्टी के चलते विश्वविद्यालय आ कॉलेज चार दिन तक बंद रही। दशहरा के दिने दस बजे से बारह बजे ले सार्वजनिक छुट्टी रही। एकरा अलावे 13 अक्टूबर के अतवार बा। स्ववित्तपोषित कॉलेज के संगे-संगे शिक्षक आ कर्मचारियो दशहरा के छुट्टी बढ़ावे के मांग करत रहले।

विश्वविद्यालय प्रशासन दशहरा यानी 12 अक्टूबर के कैलेंडर में छुट्टी घोषित कऽ देले रहे। एकरा अलावे महाअष्टमी के दिन 11 अक्टूबर के प्रतिबंधित छुट्टी घोषित कऽ दिहल गइल। शिक्षक आ कर्मचारी कुलपति आ रजिस्ट्रार से छुट्टी बढ़ावे के निहोरा करत रहले।

विभिन्न कार्यक्रम के चलते विश्वविद्यालय छुट्टी के दिन कई बेर खुलल रहे। एकर हवाला दिहल जात रहे। स्ववित्तपोषित महाविद्यालय प्राचार्य परिषद अध्यक्ष डा. कृष्ण मुरारी पाल के अध्यक्षता में तीन दिन के छुट्टी घोषित करे के मांग कइले रहे । एकरा के देखत तीन दिन के छुट्टी बढ़ावे के फैसला कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]