डीडीयू : छात्रसंघ चुनाव बहाली खातिर छात्र नेता लोगन भूख हड़ताल जारी, मेडिकल टीम कइलस जांच

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 5, 2024

गोरखपुर। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में छात्रसंघ चुनाव बहाली खातिर भूख हड़ताल पs बइठल छात्र नेता लोग सुक के प्रदर्शन जारी राखल। छात्र लगातार चउथा दिन धरना पs बइठल लो। एह दौरान एहतियात के

Share

गोरखपुर। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में छात्रसंघ चुनाव बहाली खातिर भूख हड़ताल पs बइठल छात्र नेता लोग सुक के प्रदर्शन जारी राखल। छात्र लगातार चउथा दिन धरना पs बइठल लो। एह दौरान एहतियात के तौर पs दुपहरिया बाद स्वास्थ्य विभाग के टीम धरना स्थल पs पहुंचके प्रदर्शनकारी छात्रन के चेकअप कइल लो।

भूख हड़ताल पs बइठल छात्रनेता प्रतीक तिवारी कहलें कि विश्वविद्यालय प्रशासन ई मूत समझे कि अनदेखी से उ लोग डर जाई। प्रतीक कहलें कि विश्वविद्यालय प्रशासन के प्रतिनिधियन के ना आवला से ई साबित होत बा कि प्रशासन छात्र हितन खातिर केतना गंभीर बा। छात्रनेता सत्यम गोस्वामी कहलें कि विश्वविद्यालय प्रशासन एह बात से डेराइल बा कि जदि छात्रसंघ चुनाव हो जाई तs छात्रहितन पs डाका डाले वालन पs प्रतिबंध लाग जाई।

Chhatisgarh News: छत्तीसगढ़ में सबसे बड़ मुठभेड़, 31 नक्सलियन के शव बरामद

एह दौरान सतीश प्रजापति, अभिषेक यादव, विख्यात भट्ट, निखिल तिवारी आदि मौजूद रहे लो। प्रदर्शन के दौरान छात्र विश्वविद्यालय प्रशासन के खिलाफ नारा लगावल। ओहिजा, एहतियात के तौर पविश्वविद्यालय विश्वविद्यालय प्राॅक्टोरियल बोर्ड के सदस्य आ पुलिस दिन भर कैंपस में घूमत रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.