Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Viral Agreement: मोबाइल से दूर रखे खातीर घर के ‘मुखिया’ बनवली Strict Rule, नियम तुड़ले पs मिली इs सजा

155

 

आज के समय में मोबाइल फोन सबके खातिर जरुरत बन गईल बा। एकरा बिना केहू के जिनगी पूरा ना हो सकेला। पढ़ाई से लेके ऑफिस के काम तक, गाड़ी बुकिंग से लेके खाना मंगावे तक आजकल हर काम खातिर फोन के जरूरत पड़ेला। बाकिर जरूरत आ नशा में अंतर बा। जरूरत के हिसाब से फोन के इस्तेमाल कईल ठीक बा लेकिन बिना कवनो काम कईले फोन में व्यस्त रहे के लत हमनी खातीर ठीक नईखे। जब एगो महिला के एकर एहसास भईल तs उ अपना परिवार के हर सदस्य खातीर कुछ नियम बना के समझौता पs हस्ताक्षर करवली। अब एह समझौता के तस्वीर सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

एग्रीमेंट में का लिखल बा?

सोशल मीडिया पs वायरल होखत तस्वीर में महिला घर के लोग खातीर कुछ नाया नियम बनवले बिया जवन कि उनुका पs भी लागू बा। पूरा समझौता हिंदी में हो चुकल बा। ओकरा में लिखल बा कि, ‘हम मंजू गुप्ता अपना परिवार के लोग खातीर कुछ नियम बनावत बानी, काहेंकी हमरा एहसास भईल कि हमार परिवार के लोग हमरा से जादे मोबाइल के करीब हो गईल बाड़े।’

घर के नया नियम का बा?

1. सुबेरे सुबेरे उठ के फोन के इस्तेमाल करे के बजाय सूर्य भगवान के ओर देखाई दिही।

2. सभके एक संगे डाइनिंग टेबल पs खाना खाए के होई अवुरी ए दौरान फोन 20 कदम दूर रही।

3. बाथरूम जाए के समय फोन के बहरी राखे के चाही ताकि उ रील के जगह आपन काम कs सके।

नियम तुड़ले के कवन सजा दिहल जाई?

समझौता में नीचे एगो नोट भी लिखल बा। अगर केहू एह नियम के तूड़ दी तs एक महीना ले ऊ ज़ोमेटो भा स्विग्गी से खाना ना मंगा पइहें।

लोग इहे कहल

ई तस्वीर पs शेयर कइल गइल बा खबर लिखे के समय तक ए पोस्ट के 4 लाख 87 हजार से जादा लोग देख चुकल बाड़े। पोस्ट देखला के बाद एगो यूजर लिखले कि – मासी म्यूचुअल फंड से जादे नियम अवुरी शर्त लगा देले बाड़ी। एगो अउरी यूजर लिखले बाड़न – समझौता में गलती बा। अगर अनुबंध में तारीख के जिक्र ना होखे तs ओकरा अनुपस्थिति में अनुबंध अमान्य हो जाला। एकर कवनो कानूनी वैधता भी नइखे काहे कि एहमें उक्त सजा के लागू करे के जिम्मेदारी केकरा लेबे के बात नइखे बतावल गइल।

 

 

705680cookie-checkViral Agreement: मोबाइल से दूर रखे खातीर घर के ‘मुखिया’ बनवली Strict Rule, नियम तुड़ले पs मिली इs सजा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.