[the_ad_group id="30365"]

Tech Tips: फोन के स्टोरेज बढ़ावे में काम आई ऑटो अर्काइव एप्स फीचर, कुछो डिलीट करे के ना पड़ी जरूरत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेक बाजार में आवे वाला स्मार्टफोन में जादेतर 128 जीबी के इंटरनल स्टोरेज मिलेला, बाकिर एतना स्टोरेज बहुते तेजी से खत्म हो जाला। एमे फोटो, वीडियो, डॉक्यूमेंट, फाइल्स आ बहुत कुछ स्टोर कइल जाला। अइसन में जबो स्टोरेज के कमी होखे लागेला तs फेर बहुत लोग बहुत जादे परेशान हो जाला, काहेकि फोन में कुछो नया ना जुड़ पावेला। अइसन वक्त में कवनो जरूरी फाइल के फोन में रखे के होखे तs बहुत दिक्कत आवेला। एह परेशानी के नजरअंदाज कइल बहुते कठिन हो जाला। आगे जानीं कवना तरे से एह दिक्कत के दूर कइल जा सकत बा।

Tech Tips - फोटो : FREEPIK
Tech Tips – फोटो : FREEPIK

यूजर अपनावे लो ई तरीका

फोन में स्टोरेज के परेसानी के दूर करे खातिर अधिकतर लोग डिवाइस के इंटरनल स्टोरेज के खाली करेला। स्टोरेज खाली कइला के दौरान ऊ आमतौर पs फोटो, वीडियो आ कुछ महत्वपूर्ण फाइल्स के हटावे के पडेला। एकरा संगही कइयन बेर लोग कैशे फाइल्स के डिवाइस से साफ करेला। एकरा बादे कहीं जाके कुछ स्टोरेज मिल पावत बा। एकरा अलावे कुछ लोग क्लाउड स्टोरेज के सहारा लेला, हालांकि, क्लाउड कुछे समय में भर जाला। एकरा संगही क्लाउड स्टोरेज खातिर पइसो देवे के होला।

ऑटो अर्काइव एप्स के सुविधा

बाकिर का रउआ जानत बानी कि गूगल एह समस्या के आसानी से दूर कs सकत बा। एंड्रॉयड स्मार्टफोन में गूगल एगो खास सुविधा देला। गूगल फोन में इस्तेमाल ना होखे वाला एप्स के ऑटो अर्काइव कs देला। एह फीचर के वजह से फोन में बहुत स्टोरेज बढ़ जाला आ यूजर्स आपन काम कम कs पावेला लो। चलीं आईं जानल जाव कि एह सुविधा के कवना तरे से इस्तेमाल कइल जा सकत बा।

Tech Tips - फोटो : FREEPIK
Tech Tips – फोटो : FREEPIK

अइसे करीं ऑटो अर्काइव एप्स फीचर के इस्तेमाल

  • सबसे पहले एंड्रॉयड स्मार्टफोन में गूगल प्ले स्टोर खोलना है।
  • एकरा बाद ऊपर के तरफ दाई ओर प्रोफाइल आइकन पs क्लिक करे के बा।
  • अइसन कइला के बाद सेटिंग के विकल्प पs क्लिक करे के बा।
  • एकरा बाद जनरल सेटिंग पs टैप करे के बा।
  • फेर तनिका नीचे आवे के बा आ ऑटो अर्काइव एप्स फीचर के टोंगल के ऑन कs देला।
  • अइसन कइला के बाद फोन में इस्तेमाल ना होखे वाला एप्स खुदे अर्काइव हो जाई आ स्टोरेज बढ़ जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]