Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा के रास्ते छठ पूजा स्पेशल ट्रेन के संचालन: आनंद विहार-जय नगर के बीच 3 फेरन में चली विशेष गाड़ी, ट्रेन में रही 22 कोच

425

छठ में यात्रियन के भीड़ के धेयान में रखत आनंद विहार टर्मिनल आ जय नगर के बीच पूजा विशेष ट्रेन के संचालन कइल जाई। रेलवे 05557/05558 जयनगर-आनन्द विहार टर्मिनस-जयनगर सप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचलन 21 नवम्बर से 6 दिसम्बर ले 3 फेरन खातिर करी।

एह ट्रेन के संचालन से छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। अप में ई ट्रेन छपरा जंक्शन पs दूपहरिया 12:40 में पहुंची आ 12:45 में खुली। जबकि डाउन में ट्रेन संख्या 05557 रात्रि 12:55 पs पहुंची आ 1:00 बजे खुली। गाड़ी में जेनरेटर सह लगेज यान के 02, साधारण द्वितीय श्रेणी के 20 कोच सहित कुल 22 कोच होई।

जानीं ट्रेन के समय-सारणी

05557 जयनगर-आनन्द विहार टर्मिनस विशेष गाड़ी 21 नवम्बर से 5 दिसम्बर ले जयनगर से 06:00 बजे प्रस्थान कs  के मधुबनी से 06:30 बजे, दरभंगा से 07:25 बजे, समस्तीपुर से 08:50 बजे, मुजफ्फरपुर से 09:50 बजे, हाजीपुर से 10:45 बजे, छपरा से 12:40 बजे, गोरखपुर से 14:40 बजे, बस्ती से 15:42 बजे, गोण्डा से 16:42 बजे, सीतापुर से 18:50 बजे, दूसरका दिन मुरादाबाद से 01:00 बजे आ गाजियाबाद से 03:05 बजे छूटके आनन्द विहार टर्मिनस 05:00 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 05558 आनन्द विहार टर्मिनस-जयनगर विशेष गाड़ी 22 नवम्बर से 6 दिसम्बर तक आनन्द विहार टर्मिनस से 07:30 बजे प्रस्थान कs के गाज़ियाबाद से 08:05 बजे, मुरादाबाद से 09:40 बजे, सीतापुर से 16:00 बजे, गोण्डा से 18:10 बजे, बस्ती से 19:12 बजे, गोरखपुर से 21:30 बजे, छपरा से 23:55 बजे, दूसरका दिन हाजीपुर से 01:15 बजे, मुजफ्फरपुर से 02:15 बजे, समस्तीपुर से 03:45 बजे, दरभंगा से 04:45 बजे आ मधुबनी से 05:32 छूटके जयनगर 06:30 बजे पहुंची।

663650cookie-checkछपरा के रास्ते छठ पूजा स्पेशल ट्रेन के संचालन: आनंद विहार-जय नगर के बीच 3 फेरन में चली विशेष गाड़ी, ट्रेन में रही 22 कोच

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.