तमन्ना भाटिया के बढ़ल मुश्किल, एक्ट्रेस से ED कइलस पूछताछ

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 18, 2024

अभिनेत्री तमन्ना भाटिया के परेशानी बढ़त लउकत बा। महादेव बैटिंग ऐप केस में अभिनेत्री के नाम सामने आ गइल बा। फिल्म अभिनेत्री से प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) अपना गुवाहाटी कार्यालय में पूछताछ कइले बा। ए मामला

Share

अभिनेत्री तमन्ना भाटिया के परेशानी बढ़त लउकत बा। महादेव बैटिंग ऐप केस में अभिनेत्री के नाम सामने आ गइल बा। फिल्म अभिनेत्री से प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) अपना गुवाहाटी कार्यालय में पूछताछ कइले बा। ए मामला में तमन्ना भाटिया से पूछताछ आरोपी के रूप में ना बलुक एह ऐप के प्रचार के सिलसिला में होखता। हालही में ई अभिनेत्री फिल्म ‘स्ट्री 2’ के चलते खबर में आइल रहली जवना में उनकर गाना ‘आज की रात’ ट्रेंड हो गइल रहे।

एचपीजेड ऐप घोटाला में पूछताछ खातिर ईडी तमन्ना भाटिया के फोन कइले रहे। तमन्ना दुपहरिया करीब डेढ़ बजे गुवाहाटी के ईडी कार्यालय पहुंचली आ उनकर माई उनका संगे रहली। एह ऐप के माध्यम से लोग के 57 हजार रुपया के निवेश पऽ रोज चार हजार रुपया देवे के वादा कऽ के करोड़ों रुपया के ठगी कइल गइल बा। धोखा देवे खातिर अलग-अलग बैंक में शेल कंपनी के नांव पऽ फर्जी खाता खोलल गइल बा, जवना में निवेशक से पईसा ट्रांसफर भइल। महादेव ऐप के कुछ स्टार एचपीजेड से जुड़ल बाड़े। बतावल जाता कि अभिनेत्री फेयरप्ले सट्टेबाजी ऐप पऽ इंडियन प्रीमियर लीग के मैच देखे के प्रचार कइले बाड़ी।

तमन्ना भाटिया से खाली पूछताछ भइल

तमन्ना पऽ महादेव ऑनलाइन गेमिंग आ सट्टेबाजी एप्लीकेशन के सपोर्टिंग ऐप पऽ आईपीएल मैच के अवैध रूप से देखे के प्रचार करे के आरोप बा। ईडी एह सिलसिला में बोलवले रहे। ‘फेयरप्ले’ एगो सट्टेबाजी एक्सचेंज प्लेटफार्म हऽ जवन अलग अलग खेल आ मनोरंजन का माध्यम से जुआ के बढ़ावा देला। इ महादेव ऑनलाइन गेमिंग ऐप के एगो सपोर्टिंग एप्लीकेशन हऽ जवन कि क्रिकेट, पोकर, बैडमिंटन, टेनिस, फुटबॉल कार्ड गेम जइसन अलग-अलग लाइव गेम में अवैध सट्टेबाजी के मंच उपलब्ध करावेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.