Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शेयर बाजार में लगातार तीसरका दिन तेजी: सेंसेक्स 91 अंक के तेजी के संगे 66,564 पs खुलल, प्लाजा वायर्स के शेयर 55% प्रीमियम के संगे लिस्ट

4,143

शेयर बाजार में आज माने, बियफे (12 अक्टूबर) के लगातार तीसरका दिन तेजी देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स 91 अंक के तेजी के संगे 66,564 के स्तर पs खुलल। ओहिजा, निफ्टियो में 11 अंक के तेजी रहल, ई 19,822 के स्तर पs ओपन भइल। सुरुआती कारोबार के दौरान सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 24 में तेजी आ खाली 6 में गिरावट देखे के मिल रहल बा।

प्लाजा वायर्स के शेयर 55% प्रीमियम के संगे लिस्ट

वायर बनावे वाली कंपनी प्लाजा वायर्स के शेयरन के शेयर मार्केट में सानदार एंट्री भइल। IPO के तहत 54 रुपए के भाव पs शेयर जारी भइल बा। आज BSE पs एकर 84 रुपिया के भाव पs एंट्री भइल बा माने कि IPO निवेशकन के 55.56% के लिस्टिंग गेन मिलल। अइसे, लिस्टिंग के बाद शेयर फिसल गइल। ई 80.23 रुपिया पs आ गइल बा माने कि IPO निवेशक 48.57% मुनाफा में बा लो। ई IPO 160 गुना से जादे सब्सक्राइब भइल रहे।

इंफोसिस आ HCL आज दूसरका तिमाही के नतीजा घोषित करी 

इंफोसिस, HCL टेक्नोलॉजीज लिमिटेड आ एंजल वन तीनों कंपनी आज फाइनेंशियल ईयर 2023-24 के दूसरका तिमाही (Q2FY24-जुलाई-सितंबर) के नतीजा घोषित करी। एकरा पहिले बिहान IT कंपनी टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज (TCS)  Q2FY24 माने फाइनेंशियल ईयर 2024 के दूसरका तिमाही के नतीजा जारी कs देलस। जुलाई-सितंबर तिमाही में कंपनी के सालाना आधार पs 8.7% के बढ़न्ती के संगे ₹11,342 करोड़ के नेट प्रॉफिट भइल बा।

18 अक्टूबर के ओपन होई IRM एनर्जी के IPO

गैस डिस्ट्रीब्यूशन कंपनी IRM एनर्जी लिमिटेड के IPO पब्लिक सब्सक्रिप्शन खातिर 18 अक्टूबर के ओपन होई। एह इनिशियल पब्लिक ऑफरिंग माने IPO के माध्यम से कंपनी 545.40 करोड़ रुपिया जुटावल चाहत बिया। रिटेल निवेशक एह IPO खातिर 20 अक्टूबर तक बोली लगा सकी लो। 31 अक्टूबर के बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) आ नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) पs कंपनी के शेयर लिस्ट होई।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.