IND vs AUS: मुख्य कोच गंभीर घरेलू टूर्नामेंट में खेले पs देलें जोर, कोहली-रोहित के भविष्य पs देलें बयान

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 5, 2025

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी में 1-3 से मिलल हार के बाद मुख्य कोच गौतम गंभीर खिलाड़ियन के घरेलू टूर्नामेंट में खेले पs जोर देले बाड़ें। ऊ कहलें कि ऊ चाहत बाड़ें कि सब खिलाड़ी

Share

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी में 1-3 से मिलल हार के बाद मुख्य कोच गौतम गंभीर खिलाड़ियन के घरेलू टूर्नामेंट में खेले पs जोर देले बाड़ें। ऊ कहलें कि ऊ चाहत बाड़ें कि सब खिलाड़ी लाल गेना के प्रारूप में घरेलू टूर्नामेंट में खेले लो, जवना से टेस्ट टीम खातिर आपन दावेदारी पुख्ता कs सके लो। भारत के ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ सिडनी टेस्ट में छव विकेट से हार के सामना करे के पड़ल। जवना से ओकर विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) फाइनल खातिर क्वालिफाई करे के उम्मीद टूट गइल।

रणजी में खेली लो रोहित-कोहली?

गंभीर के ई बयान ओह समय में आइल बा जब सीनियर खिलाड़ी रणजी ट्रॉफी में नइखे खेलत लो। रणजी ट्रॉफी के अगिला दौर एही महीना से सुरू होई आ देखल दिलचस्प रही कि पिछला कुछ समय से लगातार खराब फॉर्म में चल रहल भारतीय कप्तान रोहित शर्मा आ स्टार बल्लेबाज विराट कोहली एकर हिस्सा होत बा लो कि ना।

ऑस्ट्रेलिया दौरे पर खामोश रहा रोहित-कोहली का बल्ला

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ सीरीज के दौरान रोहित आ कोहली के फॉर्म बहुते निराश कइलस। कोहली जहां एह दौरा पs एगो शतक जड़लें, ओहिजा रोहित के बल्ला पूरा तरे फ्लॉप रहल। एसे रोहित आ कोहली के भविष्य पs सवाल उठे लागल। गंभीर एह बारे में आपन राय रखलें आ कहलें कि ऊ टेस्ट में भविष्य पs फैसला रोहित आ कोहली पs छोड़ते बाड़ें। गंभीर के कहनाम बा कि ई दुनो खिलाड़ी टीम के हित के ध्यान में रखत फैसला ली लो।

गंभीर कहलें, ऊ लोग उत्कृष्ट प्रदर्शन के ललक राखे वाला दृढ इंसान हs लो। ऊ लोग खुदे तय करी कि भारतीय क्रिकेट खातिर का सर्वश्रेष्ठ बा। हम कवनो खिलाड़ी के भविष्य के बारे में बात नइखी कs सकत। ई बस एही दुनो पs निर्भर करत बा। हम बस एतना कह सकत बानी कि ओह लोगन के अभियो भूख बाकी बा आ ओह लोगन के लगे जुनून बस। रोहित शर्मा शीर्ष स्तर पs जवाबदेही देखवले बाड़ें।

भारतीय कप्तान रोहित के सिडनी टेस्ट से बाहर रखल गइल बा। जवना से उनकर टेस्ट भविष्य के लेके सवाल उठे लागल बा। हालांकि, रोहित स्पष्ट कइले रहस कि पांचवां टेस्ट से बाहर रहला के संन्यास से कवनो लिहल- दिहल नइखे। ऊ टेस्ट से संन्यास के खबरन के पूरा तरे से नकार दिहल गइल रहे।

Read Also: Gujarat: पोरबंदर एयरपोर्ट पs बड़ हादसा, तटरक्षक बल के हेलीकॉप्टर क्रैश, क्रू के तीन सदस्यन के मौत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.