[the_ad_group id="30365"]

FIR में भूमिहार लिखल पुलिस अफसर के पड़ल भारी, पटना हाईकोर्ट देलस प्रभारी के हटावे के निरदेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

PATNA : बिहार में पिछला दिनन दु सीटन प संपन्न भइल उपचुनाव के चरचा एक बेर फेर से सुरू हो गइल बा। अबकी बेर चरचा के वजह परिणाम ना बलुक प्रचार के दौरान भइल विवाद बा। दरअसल, मोकामा उपचुनाव के दौरान सम्यागढ़ ओपी में पुलिस आ ग्रामीणन के बिच झड़प हो गइल रहे। जवना के बाद एकरा के लेके सम्यागढ़ ओपी प्रभारी प्राथमिकी दर्ज कइलें। बाकिर, अब उनकर ई प्राथमिकी से पुलिस के रवैया प सवाल खड़ा हो गइल बा।

असल में, ई ममिला 28 अक्टूबर के हs। मोकामा विधानसभा खातिर संपन्‍न भइल उपचुनाव के पूर्व सम्यागढ़ ओपी के अंतर्गत आवे वाला कइयन गो नागरिकन के 107 के नोटिस तामील करावे के दौरान पुलिस आ स्थानीय लोगन में बहस भइल। कोलकाता से गांव में छठ मनावे आइल इंजीनियर दीपक सिंह आ एएसआई प्रमोद बिहार सिंह में मामूली बहस भइल आ झड़पो हो गइल। एह झड़प में इंजीनियर दीपक सिंह गंभीर रूप से घायल हो गइलें। जेकरा बाद दीपक के पटना के पीएमसीएच ले आवल गइल। एही दौरान एएसआई अपना आवेदन में 10 लोगन के नामजद आ 30-35 अज्ञात के अभियुक्त बनवलें, बाकिर अज्ञात के संगे इहो लिखल रहे कि सभे एकही जाति भूमिहार से बा लो।

एकरा बाद, एह ममिला के लेके कुछ लोगन द्वारा पटना हाई कोर्ट में याचिका दाखिल कइल गइल। याचिकाकर्ता के तरफ से कोर्ट के बतावल गइल कि ई ममिला पटना जिला के सम्यागढ़ ओपी क्षेत्र के हs। कोर्ट के बतावल गइल कि मोकामा टाल के घोसवरी प्रखंड के सम्यागढ़ ओपी में पुलिस द्वारा जातिगत दुर्भावना से ग्रसित होके ग्रामीणन प कार्रवाई कइल जा रहल बा।

जेकरा बाद अब एह ममिला में पटना हाईकोर्ट सुनवाई करत बड़ा निरदेस दिहल गइल बा। पटना हाईकोर्ट के न्यायाधीश राजीव रंजन प्रसाद के एकलपीठ संतोष सिंह के याचिका प सुनवाई करत निरदेस दिहल गइल बा कि जातिगत दुर्भावना से ग्रसित होके काम करे वाला आरोपी पुलिसकर्मियन प तत्काल प्राथमिकी दर्ज क के पटना के एसएसपी के उनकर स्थानांतरण जल्द से जल्द करे के कहल गइल बा। गौर करे आला बात बा कि, इहां हाल में विधानसभा सीट खातिर उप चुनाव करावल गइल आ एमे अनंत सिंह के पत्‍नी नीलम सिंह भाजपा के सोनम देवी के हरा देली। अनंत सिंह के सदस्‍यता रद होखला के बाद इहां उपचुनाव के नौबत आइल रहे। एही उप चुनाव के दौरान भइल एह वाकया के लेके पुलिस के रवैया प सवाल खड़ा हो गइल बा।

साभार: firstbihar.com

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]