काम के बात : आईफोन से एंड्रॉयड में व्हाट्सएप चैट बैकअप कइसे ट्रांसफर करीं, जानीं सारा स्टेप्स

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 18, 2024

WhatsApp यूजर्स के चैट बैकअप एक से दूसरा फोन में ट्रांसफर करे में बहुते परेसानी होला। सबसे जादे परेसानी WhatsApp चैट के आईफोन से एंड्रॉयड में ट्रांसफर करे में होला। अब तs WhatsApp चैट के

Share

WhatsApp यूजर्स के चैट बैकअप एक से दूसरा फोन में ट्रांसफर करे में बहुते परेसानी होला। सबसे जादे परेसानी WhatsApp चैट के आईफोन से एंड्रॉयड में ट्रांसफर करे में होला। अब तs WhatsApp चैट के ट्रांसफर कइल बहुते आसान हो गइल बा, बाकिर अधिकतर लोगन के एकरा बारे में जानकारिये नइखे। आज के एह रिपोर्ट में हमनी के रउआ के आईफोन से एंड्रॉयड में चैट ट्रांसफर करे के कुछ तरीका बताएम सs।

iPhone से Android में चैट कइसे ट्रांसफर करीं?

कवनो फोन से कवनो आउर फोन में चैट के ट्रांसफर करे से पहिले जरूरी होला कि चैट के बैकअप लिहल। राउर जानकारी खातिर बता दीं कि आईफोन में WhatsApp चैट के बैकअप आईक्लाउड पs आ एंड्रॉयड के चैट गूगल ड्राइव पs बैकअप होला। आज हम जवन तरीका रउआ के बताएम ओकरा मदद से रउआ सब चैट तs ना, बाकिर कुछ जरूरी चैट के बैकअप ले सकेम।

  • आईफोन में व्हाट्सएप ओपन करीं आ ओह चैट के ओपन करीं जवना के रउआ एक्सपोर्ट कइल चाहत बानी।
  • अब प्रोफाइल नेम पs क्लिक करीं आ ऊपर कावर स्वैप करीं।
  • अब नीचे के ओर रउआ Export Chat विकल्प मिली। एकरा पs क्लिक करीं।
  • अब शेयर मीनू से मेल के विकल्प चुनीं।
  • ऊ ईमेल एड्रेस डालीं जवना पs राउर चैट के बैकअप लेवे के बा आ फेर सेंड करीं।
  • अब अपना ओह मेल के Android फोन में ओपन करीं आ डाउनलोड करीं आ चैट देखीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.