सीएम योगी आदित्यनाथ ‘INDIA’ पs कसलें तंज, कहलें- कौआ आपन नाम हंस रख ले तबो मोती ना चुगी
सीएम योगी एगो ट्वीट में लिखलें, ''कौआ आपन नाम हंस रख लेवे तबो उ मोती ना चुगी। अमावस्या के करिया रात के पूर्णिमा के नाम देवे से ऊ शीतल आ प्रकाशवान ना हो जाई।'' इहे ना, सीएम कहलें कि नाम बदललक से एह लोगन के मूल स्वभाव ना बदल जाई। अइसही I.N.D.I.A. नाम लगा लेला से आत्मा आ संस्कार में रचल-बसल विभाजनकारी सोच आ भारत विरोधी दृष्टि समाप्त ना हो जाई।
उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ विपक्ष के नया नाम ‘INDIA’ पs तंज कसत कहलें कि कौआ आपन नाम हंस रख लेवे तबबो उ मोती ना चुगी। सीएम योगी मंगलर के एगो ट्वीट में ई बात कहलें। अंग्रेजी में कइल गइल एगो आउर ट्वीट में सीएम योगी कहलें कि नाम बदलला से खेल ना बदली।
‘नाम बदलला से इनकर मूल स्वभाव ना बदल जाई’
सीएम योगी एगो ट्वीट में लिखलें, ”कौआ आपन नाम हंस रख लेवे तबो उ मोती ना चुगी। अमावस्या के करिया रात के पूर्णिमा के नाम देवे से ऊ शीतल आ प्रकाशवान ना हो जाई।” इहे ना, सीएम कहलें कि नाम बदललक से एह लोगन के मूल स्वभाव ना बदल जाई। अइसही I.N.D.I.A. नाम लगा लेला से आत्मा आ संस्कार में रचल-बसल विभाजनकारी सोच आ भारत विरोधी दृष्टि समाप्त ना हो जाई।
कौआ अपना नाम हंस रख ले तो भी मोती नहीं चुगेगा।
अमावस्या की काली रात को पूर्णिमा का नाम देने से वह शीतल और प्रकाशवान नहीं हो जाएगी।
नाम बदलने से इनका मूल स्वभाव नहीं बदल जाएगा।
ऐसे ही I.N.D.I.A. नाम लगा लेने से आत्मा और संस्कार में रची-बसी विभाजनकारी सोच और भारत विरोधी दृष्टि…
— Yogi Adityanath (@myogiadityanath) July 25, 2023
पीएम मोदी कस चूकल बाड़ेंं तंज
एकरा पहिले पीएम नरेंद्र मोदी विपक्षी दलन के गठबंधन के ‘INDIA’ नाम रखला पs तंज कसले रहस। ऊ कहलें कि ईस्ट इंडिया कंपनियो में इंडिया बा आ इंडियन मुजाहिद्दीनो में इंडियन बा। खाली नाम रख लेला से का होला। पीएम मोदी के बयान पs कांग्रेस नेता राहुल गांधी ट्वीट कs के लिखलें, रउआ हमनी के जवन चाहें बोलाई, हमनी के INDIA हई सs।
Comments are closed.