IND-A vs PAK-A: इमर्जिंग एशिया कप के फाइनल में आज भारत-पाकिस्तान के भिड़ंत, जानीं दुनो टीमन के संभावित प्लेइंग-11

Anurag Ranjan

भारत ए टीम इमर्जिंग एशिया कप टूर्नामेंट में अतवार के पाकिस्तान ए से हाईवोल्टेज फाइनल में भिड़ी। यश ढुल के अगुआई में भारत के पलड़ा भारी नजर आ रहल बा। लीग मैच में भारत पाकिस्तान के आसानी से पराजित कइले रहे। भारत सेमीफाइनल में 211 रन के बचाव करत बांग्लादेश के 51 रन से पराजित कइले रहे। भारतीय स्पिनर निशांत सिंधू (5/20) आ मानव सुथार (3/32) सानदार प्रदर्शन कइले रहे लो। यश ढुल 66 रन के पारी खेलले रहस।

पाकिस्तान ए सेमीफाइनल में श्रीलंका के 60 रन से हरवले रहे।पाकिस्तान के टीम के तनिको हल्का नइखे आंकल जा सकत। टीम के कइयन खिलाड़ी पाकिस्तान सुपर लीग में खेलत रहल बा लो। ऑलराउंडर मोहम्मद वसीम जूनियर, कप्तान मोहम्मद हैरिस, ओपनर साहिबजादा फरहान आ तेज गेंदबाज अरशद इकबाल के लगे बहुत अनुभव बा।

भारत आ पाकिस्तान के सफर

भारत आ पाकिस्तान के ग्रुप स्टेज में एके ग्रुप-बी में रखल गइल रहे। भारत अपना पहिला मैच में यूएई-ए के आठ विकेट से हरवले रहे। ओहिजा, दूसरका मैच में टीम इंडिया नेपाल के नव विकेट से शिकस्त देले। तीसरा मैच भारत आ पाकिस्तान के बीच खेलल गइल रहे। ई मैच यश ढुल के टीम आठ विकेट से जीतलस। साई सुदर्शन शतकीय पारी खेलले रहस। सेमीफाइनल में भारत बांग्लादेश के 51 रन से हरवले रहे।

ओहिजा, पाकिस्तान अपना पहिला मैच में नेपाल के चार विकेट से शिकस्त देलस। दूसरका मैच में पाकिस्तान यूएई के 184 रन से हरवलस। भारत से तीसरका मैच में हरला के बाद वापसी करत सेमीफाइनल में पाकिस्तान श्रीलंका-ए के 60 रन से करारा शिकस्त देलस। अब फाइनल में भारत आ पाकिस्तान के बीच कड़ा टक्कर देखे के मिल सकत बा।

पाकिस्तान-ए टीम में कइयन गो अंतरराष्ट्रीय खिलाड़ी

बायां से- हारिस, वसीम और शाहनवाज – फोटो : सोशल मीडिया

पाकिस्तान के टीम में सीनियर लेवल पs अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट खेल चुकल कुछ खिलाड़ी सामिल बा लो। कप्तान मोहम्मद हारिस पाकिस्तान के ओर से पिछला साल टी20 वर्ल्ड कप खेल चुकल बाड़ें। एकरा अलावे सैम अयूब, तैयब ताहिर, मोहम्मद वसीम जूनियर आ शाहनवाज दहानी सामिल बा लो। वसीम आ दहान पिछला साल टी20 वर्ल्ड कप में पाकिस्तान के सीनियर टीम के हिस्सा रहे लो। ओहिजा, इंडिया-ए में सामिल कवनो खिलाड़ी अभी ले सीनियर लेवल पs अंतरराष्ट्रीय डेब्यू नइखे कइले। सुदर्शन, अभिषेक आ रियान पराग के छोड़के बाकी के लगे जादे आईपीएल के अनुभवो नइखे।

दुनो टीमन के संभावित प्लेइंग-11

भारत: साई सुदर्शन, अभिषेक शर्मा, निकिन जोस, यश ढुल (कप्तान), रियान पराग, निशांत सिंधू, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), मानव सुथार, हर्षित राणा, आरएस हंगरगेकर, नीतीश रेड्डी/युवराजसिंह डोडिया।

पाकिस्तान: सैम अयूब, तैय्यब ताहिर, मोहम्मद हारिस (विकेटकीपर/कप्तान), साहिबजादा फरहान, ओमैर यूसुफ, कासिम अकरम, मोहम्मद वसीम जूनियर, अरशद इकबाल, सुफियान मुकीम, मुबासिर खान, अमद बट।

इंडिया-ए स्क्वॉड

साई सुदर्शन, अभिषेक शर्मा, निकिन जोस, यश ढुल (कप्तान), रियान पराग, निशांत सिंधू, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), मानव सुथार, हर्षित राणा, नीतीश रेड्डी, आरएस हंगरगेकर, आकाश सिंह, प्रदोष पॉल, प्रभसिमरन सिंह, युवराजसिंह डोडिया।

पाकिस्तान-ए स्क्वॉड

सैम अयूब, तैय्यब ताहिर, मोहम्मद हारिस (विकेटकीपर), कामरान गुलाम, साहिबजादा फरहान, ओमैर यूसुफ, कासिम अकरम, मोहम्मद वसीम जूनियर, अरशद इकबाल, शाहनवाज दहानी, सुफियान मुकीम, हसीबुल्लाह खान, मुबासिर खान, अमद बट, मेहरान मुमताज।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।