[the_ad_group id="30365"]

Patna: तेजप्रताप यादव के ड्राइवर के संगे मारपीट! जदयू के बोर्ड लागल गाड़ी में सवार व्यक्ति प आरोप के चरचा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लालू के बड़े बेटा आ बिहार सरकार में मंत्री तेज प्रताप यादव के ड्राइवर के संगे मारपीट के घटना चरचा में बा। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, दानापुर थाना में शिकायत दर्ज करावल गइल बा। हालाकि पटना पुलिस एह ममिला में बहुत कुछ खुलके बोले के तइयार नइखे।

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, बतावल गइल बा कि जब तेज प्रताप यादव के आवास पहुंचा के उनकर ड्राइवर लवटत रहले त दानापुर के गोला रोड के टी प्वाइंट प एगो गाड़ी प सवार व्यक्ति उनका के रोकलस आ मारपीट कइलस। जवना गाड़ी प हमलावर रहले ओहपर जदयू सलाहकार समिति के बोर्ड लागल रहे। हालांकि का बाजार गरम बा बाकिर दानापुर थाना के थानेदार एह घटना से अंजान होखे के बात कह रहल बाड़ें।

मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, तेज प्रताप यादव के सरकारी गाड़ी के चालक के संगे ई घटना घटल बा। मारपीट करे वालन के गाड़ी के जब ऊ पीछा कइले त जदयू के बोर्ड लागल देखलें। दावा बा कि दानापुर थाना में सनहा दिहल गइल बा। हालाकि थानेदार एहपर कुछ बोले से हिचक रहल बा लो।

बता दीं कि तेज प्रताप यादव बिहार सरकार में मंत्री बाड़ें। ऊ लालू यादव के बड़ बेटा हवे। सूबे में सियासी उलटफेर के बाद जब नया सरकार बनल त ऊ एकबार फेर से मंत्री बनल बाड़ें।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]