[the_ad_group id="30365"]

अनूप जलोटा आ चंदन दास के सुरन पs झूमी गोरखपुर: राप्ती तट पs 3 आ 4 जुलाई के होई गुरु गोरक्षनाथ महोत्सव के आयोजन, अरूण गोविल रहिहें मौजूद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अनूप जलोटा आ चंदन दास के सुरन पs झूमी गोरखपुर: राप्ती तट पs 3 आ 4 जुलाई के होई गुरु गोरक्षनाथ महोत्सव के आयोजन, अरूण गोविल रहिहें मौजूद

गोरखपुर राप्ती नदी के गुरु गोरक्षनाथ घाट के 3 आ 4 जुलाई के सांझ भजन सम्राट अनूप जलोटा आ मशहूर गजल गायक चंदन दास के सुरन के महफील सजी। एह दौरान स्वर्गीय रामानंद सागर के धारावाहिक रामायण में लोगन के दिलन में भगवान श्रीराम के छवि बना लेवे वाला अभिनेता अरुण गोविल के मवजूदगी ओह सांझ के आउर खूबसूरत बनाई। अवसर होई गुरु गोरक्षनाथ महोत्सव के आयोजन के।

ओमकारम‘ के ओर से कइल जा रहल बा आयोजन

दु दिवसीय एह महोत्सव के आयोजन ‘ओमकारम‘ संस्था के ओर से कइल जा रहल बा। ‘ओमकारम‘ के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ कार्यक्रम संयोजक नबारुन चटर्जी बतवलें, महोत्सव के औपचारिक उद्घाटन 3 जुलाई के सांझ 6 बजे होई, जब संस्था के मुख्य संरक्षक अनूप जलोटा के भजनन से राप्ती तट गूंजी। बाकिर एकरा तहत होखे वाला कार्यक्रमन के सिलसिला सांझ 4 बजे से सुरू हो जाई। पहले दिन चार बजे से रंगोली प्रतियोगिता होई।

अभिनेता अरुण गोविल इयादन के करिहें साझा

अनूप जलोटा द्वारा भजनन के प्रस्तुति के बाद मंच पs होइहें अभिनेता अरुण गोविल। टाक शो के माध्यम से ऊ अपना सांस्कृतिक जिनगी के इयाद लोगन से साझा करिहें। दूसरका दिन 4 जुलाई के सांझ 4 बजे से पेंटिंग प्रतियोगिता के आयोजन कइल जाई। जबकि, सांझ 6 बजे से गजल गायक चंदन दास के गजलन पs झूमे के अवसर दिहल जाई।

सीएम योगी हो सकत बाड़ें सामिल

उद्घाटन समारोह में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सामिल हो सकत बाड़ें। सीएम के संस्था के ओर से कार्यक्रम के मुख्य अतिथि के रूप में आमंत्रित कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]