Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

RCB के खिताब जीते के राह भइल मुश्किल, 1.9 करोड़ वाला प्रमुख खिलाड़ी भइल IPL 2023 से बाहर

Reece Topley ruled out of IPL 2023: रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर खातिर आईपीएल 2023 में मुश्किल खतम होखे के नाम नइखे ले रहल बा। प्रमुख तेज गेंदबाज कंधा में चोट के कारण आईपीएल 2023 से बाहर हो गइले। एह तरे, आरसीबी के तीसरका खिलाड़ी आईपीएल 2023 से बाहर हो गइल।

2,015

रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर खातिर आईपीएल 2023 में मुश्किल खतम होखे के नाम नइखे ले रहल। इंग्‍लैंड के तेज गेंदबाज रीस टॉपली कंधा में चोट के कारण आईपीएल 2023 से बाहर हो गइल बाड़ें। आरसीबी खातिर खिताब जीते के राह मुश्किल हो गइल रहे काहेकि टॉपली मवजूदा आईपीएल से बाहर होके वाला तीसरका खिलाड़ी बनलें।

रीस टॉपली से पहिले विल जैक्‍स आ रजत पाटीदार टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बाड़ें। आरसीबी के हेड कोच संजय बांगड़ बियफे के केकेआर के खिलाफ मैच के दौरान पुष्टि कइले हs कि रीस टॉपली स्‍वदेश लौट गइल बाड़ें काहेकि ऊ आगे टूर्नामेंट में हिस्‍सा ना ले सकिहें। आरसीबी टॉपली के 1.9 करोड़ रुपिया में किनले रहलें। टॉपली के बेस प्राइस 75 लाख रुपिया रहे आ उनका के किने खातिर मुंबई इंडियंस आ चेन्‍नई सुपरकिंग्‍स दिलचस्‍पी देखवले रहे।

चोट से परेसान रहलें टॉपली

संजय बांगड़ कहलें, ‘रीस के दुर्भाग्‍यवश स्‍वदेश लवटे के पड़ल काहेकि ऊ टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बाड़ें। हमनी उनका के संगे खातिर आपन सर्वश्रेष्‍ठ कोसिस कइलें, बाकिर उपचार आ विशेषज्ञ लोग सलाह देलाlस कि ऊ कुछ समय तक एक्‍शन से दूर रहिहें। जल्दिये रीस टॉपली के विकल्‍प के घोषणा कइल जाई।

रीस टॉपली के करियर चोटन से परेसान रहल। हाले में ऊ टी20 वर्ल्‍ड कप से बाहर भइल रहलें काहेकि  अभ्‍यास मैच के पहिले उनकर एड़ी में चोट लाग गइल रहे। ऊ एकरा अलावे कइयन गो सीरीज से चोट के कारण बाहर रहलें।

दु गो धाकड़ खिलाड़ी आरसीबी से जुड़ी लो

संजय बांगड़ पुष्टि कइलें बाड़ें कि वनिंदु हसरंगा आ जोश हेजलवुड क्रमश: 10 आ 14 अप्रिल तक आरसीबी स्‍क्‍वाड से जुड़िहें। आरसीबी के आपन अगिला मुकाबला 10 अप्रिल के लखनऊ के खिलाफ खेले के बा। बांगड़ उमेद जतवलें कि एह मुकाबला में टीम के हसरंगा के सेवा मिली।

आरसीबी के हेड कोच कहलें, ‘हसरंगा 10 अप्रिल के हमनी के संगे जुडिहें। उनका अइला के समय पs निर्भर करी कि ऊ मैच में उपलब्‍ध हो पइहें कि ना। बाकिर एह बीच कर्ण शर्मा अपना मवका के फायदा उठवले आ चयन खातिर हमनी के सोझा सिरदर्दी बढ़वले बाड़े।’ हेजलवुड अपना चोट से उबर चुकल बाड़े आ 17 अप्रिल के सीएसके के खिलाफ मैच खातिर ‍उपलब्ध रह सकत बाड़ें।

506010cookie-checkRCB के खिताब जीते के राह भइल मुश्किल, 1.9 करोड़ वाला प्रमुख खिलाड़ी भइल IPL 2023 से बाहर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.