[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: उरुवा-धुरियापार मार्ग के निर्माण करी PWD, सांसद कमलेश उठवले रहस सड़क के धीमा प्रगति के ममिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के उरुवा से धुरियापार मार्ग के निर्माण पीडब्ल्यूडी द्वारा करावल जाई। एनेक्सी भवन सभागार में आयोजित जिला विकास समन्वय आ अनुश्रवण समिति (दिशा) के बैठक में जिलाधिकारी कृष्णा करुणेश के ओर से ई जानकारी दिहल गइल। बैठक के अध्यक्षता कर रहल बांसगांव के सांसद कमलेश पासवान एह सड़क के धीमा प्रगति के ममिला उठवले रहस। उनका के बतावल गइल कि सड़क के निर्माण कs रहल संस्था पs कार्रवाई कइल जा चुकल बा।

सांसद बोललें

सांसद कहलें कि शासन के ओर से संचालित जन कल्याणकारी योजनन के का प्रचार-प्रसार करावल जाये, जवना से लोगन के शासकीय योजनन के बेहतर जानकारी हो सके। सरकारी योजना गरीबन के हित में संचालित कइल जाला। कवनो पात्र व्यक्ति योजनन के लाभ से वंचित ना रहे के चाहीं। जवन काम करावल जाये, ओकरा जानकारी जनप्रतिनिधियन के जरुर दिहल जाये। बैठक में लिहल गइल निर्णयन के शत-प्रतिशत अनुपालन समय से कइल जाये। सांसद क्षतिग्रस्त पोलन के जल्द ठीक करावे खातिर बिजली विभाग के अधिकारियन के निरदेसित कइलें।

बैठक में केंद्र सरकार के ओर से संचालित योजनन के प्रगति के समीक्षा कइल गइल। जनप्रतिनिधि लोग क्षेत्र के समस्याएं बतावल। सांसद कहलें कि आजाद चौक से बड़गो आ सेंदुली-बेंदुली मार्ग के काम जल्दिये सुरू करावल जाई। मनरेगा के समीक्षा के दौरान बतावल गइल कि जिला में अब तक 150 प्रतिशत मानव दिवस के सृजन हो चुकल बा। राष्ट्रीय आजीविका मिशन में शत-प्रतिशत समूहन के गठन हो चुकल बा। कौशल विकास योजना के अंतर्गत 22 प्रशिक्षण प्रदाता 2630 प्रशिक्षुअन के प्रशिक्षित कइले बा लो।  बैठक में वृद्धावस्था पेंशन, पूर्वदशम या फिर आ दशमोत्तर छात्रवृत्ति योजना, पारिवारिक लाभ योजना के समीक्षा कइल गइल।

का कहत बा लो अधिकारी

जिला समाज कल्याण अधिकारी बतवलें कि पेंशन आ छात्रवृत्ति एह महीना के अंत तक प्राप्त हो जाई। प्रधानमंत्री आवास योजना ग्रामीण के समीक्षा के दौरान बतावल गइल कि साल 2022-23 में 43 हजार 81 आवास स्वीकृत कइल गइल। एमे 33 हजार 517 के निर्माण पूरा हो चुकल बा।

जिलाधिकारी कृष्णा करुणेश कहलें कि बैठक में दिहल गइल निरदेसन के समय से अनुपालन कइल जाई। बैठक में एमएलसी डा. धर्मेन्द्र सिंह, विधायक महेन्द्रपाल सिंह, विपिन सिंह, प्रदीप शुक्ल, मुख्य विकास अधिकारी संजय कुमार मीना आदि उपस्थित रहल लो।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]