[the_ad_group id="30365"]

NSA अजीत डोभाल के सुरक्षा में चूक, महाकाल मंदिर भ्रमण के दौरान उड़त रहे ड्रोन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार (एनएसए) अजीत डोभाल के सुरक्षा में बड़ चूक के ममिला सोझा आइल बा। सनीचर के अजीत डोभाल मध्य प्रदेश के उज्जैन शहर में विश्व प्रसिद्ध महाकालेश्वर मंदिर में दर्शन करे गइल रहस। एह दौरान महाकाल मंदिर परिसर में ड्रोन कैमरा उड़त रहे। पुलिस एह ममिला में एगो जुवक के खिलाफ केस दर्ज कs के ड्रोन जब्त कs लेले बिया। बता दीं कि महाकाल मंदिर क्षेत्र में बिना प्रशासन के अनुमति के ड्रोन कैमरा उड़ावल सीआरपीसी के धारा 144 के तहत प्रतिबंधित बा।

अतिरिक्त पुलिस अधीक्षक (एएसपी) अभिषेक आनंद बतवलें कि राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार (एनएसए) अजीत डोभाल महाकालेश्वर मंदिर आइल रहस, ओहि दौरान एगो ड्रोन उड़ गइल। ड्रोन उड़ावे वाला व्यक्ति से पूछताछ कइल गइल आ बाद में ओकरा खिलाफ ममिला दर्ज कइल गइल। ऊ दावा कइलें कि एनएसए रात करीब नौ बजे मंदिर से निकललें आ रात करीब साढ़े दस बजे ड्रोन देखल गइल।

एएसपी कहलें कि मंदिर परिसर में एह तरे के मानव रहित हवाई वस्तुअन के बिना अनुमति के संचालित करे के अनुमति नइखे। हमनी के ड्रोन के जब्त कs लेले बानी सs आ आरोपी से पूछताछ कइल गइल बा। जुवक उत्तर प्रदेश के नोएडा के रहे वाला बा आ ओकर उमिर लगभग 30 बरिस बा। ओकरा लगे अनुमति ना रहे, हमनी के ओकरा खिलाफ आईपीसी के धारा 188 के तहत ममिला दर्ज कइल गइल बा।

उज्जैन के पुलिस अधीक्षक सचिन शर्मा मीडिया के बतवलें कि आरोपी के खिलाफ निषिद्ध क्षेत्र में ड्रोन उड़ावे पs रोक लगावे वाला सरकारी आदेस के उल्लंघन करे के ममिला दर्ज कइल गइल बा। आईपीसी के धारा 188 (लोक सेवक द्वारा विधिवत आदेस देवे के अवज्ञा) के तहत दर्ज अपराध जमानती बा। एगो आउर पुलिस अधिकारी कहलें कि आरोपी के हिरासत के बाद गारंटी पs थाना से जमानत मिल जाला।

डोभाल सनीचर रात आ अतवार के सबेरहू मंदिर में पूजा अर्चना कइले रहस। राज्य के राजधानी भोपाल में कमांडरन के संयुक्त सम्मेलन में भाग लेला के बाद एनएसए सनीचर देर रात उज्जैन अइलें। महाकालेश्वर मंदिर देस के 12 ज्योतिर्लिंगन में से एगो बा आ इहां हर रोज भक्तन के भारी भीड़ देखल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]