Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिना टिकट पकड़ल गइलें 4656 रेल यात्री, जुर्माना लगावल गइल

435
Google Ads 300*250 for posts

 

ट्रेन में बिना टिकट यात्रा कर रहल लोगन के खिलाफ सोनपुर रेल मंडल के ओर से व्यापक स्तर पs चेकिंग अभियान चलावल गइल। जेमे में मेगा टिकट जांच अभियान के तहत बिना टिकट अउर अनियमित टिकट पs यात्रा करे वाला कुल 4656 यात्री पकड़ल गइल लो। रेल मंडल के पीआरआई बतवलें कि मंडल द्वारा यात्रियन के परेसानी मुक्त, आरामदायक यात्रा आ बेहतर सेवा सुनिश्चित करे आउर बिना टिकट यात्रा करे पs लगाम लगावे खातिर लोकल, मेल अउर एक्सप्रेस ट्रेनन के संगे-संगे स्पेशल ट्रेनन में लगातार टिकट चेकिंग अभियान चलाव जा रहल बा।

सोनपुर मंडल के वरिष्ठ अधिकारियन के देखरेख में लगातार सोनपुर मंडल के सब रेल खंडन में टिकट चेकिंग कइल जा रहल बा। एह क्रम में सोनपुर मंडल के सोनपुर, हाजीपुर, मुजफ्फरपुर, बेगूसराय, बरौनी, खगड़िया सहित अलग -अलग रेल खंडन में दिनांक 17 जुलाई के मेगा टिकट चेकिंग अभियान चलावल गइल। मेगा टिकट चेकिंग के दौरान बिना टिकट आ अनियमित टिकटन पs यात्रा करे वाला कुल 4656 यात्री पकड़ल गइल लो, जेम दंड स्वरूप 32 लाख 58 हजार 530 रुपिया वसूलल गइल। रेल प्रशासन द्वारा आवे वाला दिन में एह तरह के अउर टिकट चेकिंग अभियान चलावल जाई।

603340cookie-checkबिना टिकट पकड़ल गइलें 4656 रेल यात्री, जुर्माना लगावल गइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.