[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Weather: जुलाई में तीख घाम करावत बा जेठ के गरमी के अहसास, तेज बरखा के बा इंतजार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सावन के आधा माहिना बीतला के बाद मंगर से मलमास सुरू हो गइल। सावन में बरखा के फुहार के इंतजार करत लोगन के मायूसी मिलल। अब मलमास में बरखा के आस लगावात बा लो बाकिर मौसम विज्ञान विभाग के आंकडा पs गौर कइल जाव तs अभी दु ,तीन दिन बरखा के आसार कम दिखाई देता।

आधा जुलाई महीना बीतला के बाद मानसून के ट्रैक कमजोर बनल बा। एकर असर ई बा कि लोग गरमी आ उमस से बेहाल बा। सबेरे से जेठ के गरमी जइसन अहसास हो रहल बा। मंगर के दिन में अधिकतम तापमान 33.6 डिग्री सेल्सियस अउर न्यूनतम 27.1 डिग्री सेल्सियस रहला से दिन के संगे रात में लोग गरमी से परेसान रहल।

सावन के आधा महीना गुजरला के बाद मंगर से मलमास सुरू हो गइल। सावन में बरखा के फुहार के इंतजार करत रहे लोगन के मायूसी मिलल। अब मलमास में बरखा के आस लगावात बाड़े। बाकिर मौसम विज्ञान विभाग के आंकडा पs गौर करी त अभियो दु-तीन दिन बरखा के आसार कम देखाई दे रहल बा।

बाकिर एह दौरान आंशिक बादल छाइल रहला के अनुमान बा। 21 जुलाई से मानसून के सक्रिय होखे के संभावना बा। अइसन में अभियो दु तीन दिन अउर लोगन के तीख घाम के चलते गरमी आ उमस से परेसान होखे के पडी।

मौसम विज्ञान विभाग के आंकड़न पs गौर करी तs जुलाई महीना में औसतन 353.5 मिलीमीटर बरखा दर्ज कइल गइल बा। एह के सापेक्ष 18 जुलाई तक करीब 100 मिलीमीटर बरखा भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]