Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Banda News: मकान में सेंध लगाके जेवर आ नकदी चोरी

413

 

बदौसा: थाना क्षेत्र के चौकी पुरवा में रविवार के रात एगो किसान के घर में घुस के चोर लाखों के गहना अवुरी नकदी ले गईले। घर से दूर खेत में बक्सा आ कपड़ा आदि पड़ल मिलल।

चौकी पुरवा निवासी नजीर अहमद सिद्दीकी बतवले कि रविवार के रात उ अपना घर के आँगन में सुतल रहले। एही से चोर सेंध बना के घर में राखल बक्सा लेके चल गईले। बक्सा में सोना-चांदी के गहना अवुरी 25 हजार रुपया राखल रहे। सबेरे गांव के लोग बतवले कि उनुका घर के बक्सा खेत में पड़ल बा। घटना के जानकारी पs सीओ अतर्रा जियाउद्दीन, प्रभारी निरीक्षक विजय कुमार कुशवाहा अवुरी एसओजी टीम मौका पs पहुंच के जांच कईले।

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.