[the_ad_group id="30365"]

छपरा कचहरी स्टेशन के लगे चाकू गोदके जुवक के हत्या, प्रेम-प्रसंग में हत्या के आशंका 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में चाकू से गोद गोदके जुवक के हत्या कs दिहल गइल बा। एह ममिला में दु गो जुवतियन से पुलिस पूछताछ कs रहल बिया। छपरा सोनपुर रेलखंड के कचहरी स्टेशन के पूरब साढ़ा ओवरब्रिज के नीचे रेलवे लाइन के बीच शव मिलल बा। मृतक सारण जिला के खैरा थाना अंतर्गत धूपनगर धोबवल गांव निवासी सुनील यादव के 24 वर्षीय पुत्र कृष्ण कुमार यादव बतावल जा रहल बा।

परिजनन के मोताबिक बतावल जा रहल बा कि जुवक पटना के एगो निजी आवास में रहके प्रतियोगी परीक्षन के तइयारी करत रहे। मंगर के ओकरा एसएससी के परीक्षा देवे मुजफ्फरपुर जाये के रहे। एही बीच ऊ छपरा कवना काम से आइल रहे एकर जानकारी परिजनन के नइखे। खूब सबेरे उनका फोन के माध्यम से सूचना मिलल कि कृष्ण के हत्या अज्ञात अपराधियन द्वारा चाकू से गोद गोदके मौत के घाट उतार दिहल गइल।

हालांकि अभी तक घटना के कारणन के स्पष्ट जानकारी नइखे मिल सकल, फिलहाल पुलिस द्वारा छपरा आवे से लेके रात में जहा जुवक ठहरल रहे आ स्टेशन पs ओकरा पहुंचचे तक के सब बिंदुअन पs जांच में जुट गइल बिया। पहिला नजर में ममिला प्रेम प्रसंग से जुड़ल प्रतीत हो रहल बा, हालांकि पुलिस द्वारा जांच पूरा होखला के बादे स्पष्ट जानकारी देवे के बात कहल जा रहल बा।

साभार: संजीवनी समाचार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]