Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उपन्यास चांदपुर की चंदा’ खातिर अतुल कुमार राय के साहित्य अकादेमी युवा पुरस्कार, सूर्यनाथ सिंह के साहित्य अकादेमी बाल साहित्य पुरस्कार

पुरस्कार के नाम के घोषणा के खबर मिलला के बाद बातचीत के क्रम में ऊ बतवलें कि ई पुरस्कर ओह पाठक लोगन के बा जे एह पहिलके उपन्यास के एतना प्यार दुलार दिहल। 

3,465

साहित्य अकादेमी के अध्यक्ष श्री माधव कौशिक के अध्यक्षता में अकादेमी के कार्यकारी मंडल नआज युवा पुरस्कार 2023 आ बाल साहित्य पुरस्कार 2023 के घोषणा कइलस। बैठक में 20 युवा लेखकन के पुस्तकन आ 22 बाल साहित्यकारन खातिर पुरस्कार 2023 अनुमोदित कइल गइल। एह पुस्तकन के तीन सदस्यीय निर्णायक मंडल निर्धारित चयन प्रक्रिया के पालन करत पुरस्कार खातिर चुनले बा। मैथिली, मणिपुरी आ संस्कृत भाषा के युवा पुरस्कार बाद में घोषित कइल जाई। एह साल ओड़िआ भाषा में पुरस्कार के घोषणा नइखे कइल गइल।

मणिपुरी भाषा में बाल साहित्य पुरस्कार के घोषणा बाद में कइल जाई आ एह साल कश्मीरी भाषा में बाल साहित्य पुरस्कार प्रदान नइखे कइल गइल बा। दुनो श्रेणियन में पुरस्कार ओह पुस्तकन से संबंधित बा, जवन पुरस्कार वर्ष के तत्काल पूर्ववर्ती बरिस के अंतिम पाँच बरिसन में (माने 1 जनवरी 2017 से 31 दिसंबर 2021 के बीच) पहिला बेर प्रकाशित भइल बा। दुनो पुरस्कारन खातिर पुरस्कार स्वरूप एगो उत्कीर्ण ताम्रफलक आउर 50,000/- रुपिया के सम्मान राशि, बाद में आयोजित होखे वाला एगो विशेष समारोह में प्रदान कइल जाई।

हिंदी खातिर युवा पुरस्कार अतुल कुमार राय के

हिंदी खातिर युवा पुरस्कार अतुल कुमार राय के उपन्यास चाँदपुर की चंदा के प्रदान कइल बा। बलिया के मूल निवासी अतुल कुमार राय वर्तमान में मुंबई में रहत बाड़ें आ फिल्मन में डायलॉग लिखे खातिर खासा चरचा में रहल बाड़ें। पुरस्कार के घोषणा के खबर मिलला के बाद बातचीत के क्रम में ऊ बतवलें कि ई पुरस्कर ओह पाठक लोगन के बा जे एह पहिलके उपन्यास के एतना प्यार दुलार दिहल।

अंग्रेजी खातिर अनिरुद्ध कानिसेट्टी के पुस्तक लॉडर््स ऑफ़ द डेक्कन: सदर्न इंडिया फ्रॉम द चालुक्याज़ टु द चोलाज़, पंजाबी खातिर संदीप के कविता-संग्रह चित्त दा जुगराफिया आ उर्दू खातिर तौसीफ़ बरेलवी के कहानी-संग्रह ज़हन ज़ाद के पुरस्कृत कइल गइल बा।

हिंदी में बाल साहित्य खातिर सूर्यनाथ सिंह के पुस्तक कौतुक ऐप, अंग्रेज़ी में सुधा मूर्ति के पुस्तक ग्रैंडपैरेंट्स बैग ऑफ़ स्टोरीज़, पंजाबी खातिर गुरमीत कड़िआलवी के पुस्तक सची दी कहानी आ उर्दू खातिर स्व. मतीन अचालपुरी के पुस्तक ममता के डोर के पुरस्कृत कइल गइल बा।

युवा पुरस्कार प्राप्त आउर लेखक: असमिया- जिंटु गीतार्थ मन मोरा तोरा (कहानी), बाङ्ला- हमीरुद्दीन मिद्द्या मथरखा (कहानी), बोडो- माइनावस्त्रि दैमारि सम, जिउ, आरो…(कविता), डोगरी- धीरज बिस्मिल आह्लड़ा (नाटक), गुजराती-सागर शाह गेट टुगेधर (कहानी), कन्नड – मंजुनायक चळ्ळूरु फू मत्तू इतर कथेगळु (कहानी), कश्मीरी – निगहत नसरीनलले निलवाठ च़ाले न् जाँ (कविता), कोंकणी-तन्वी कामत बांबोळकार शाट्स (कहानी), मलयाळम्-गणेश पुथुर अचंटे अलमारा (कविता), मराठी – विशाखा विश्वनाथ स्वतःला स्वतरूविरुद्ध उभं करताना (कविता), नेपाली – नैना अधिकारी घात-प्रतिघातका उद्गारहरू (कविता), राजस्थानी – देवीलाल महिया अंतस रो ओळमो (कविता), संताली – बापी टुडू दुसी (कहानी) , सिंधी – मोनिका जे. पंजवानी ग्लैमर (कहानी), तमिऴ – राम थंगम तिरुकरतियल (कहानी), तेलुगु – जॉनी तक्केदासिला विवेचनी (आलोचना)।

बाल साहित्य पुरस्कार प्राप्त आउर साहित्यकार: असमिया – रॅथींद्रनाथ गोस्वामी पोवालमोनि चिंचिंगर दुहक्षहक्षिक अभिज्ञान (उपन्यास), बाङ्ला -श्यामलकांति दास एरोप्लेनेर कथा (उपन्यास), बोडो – प्रतिमा नंदी नार्ज़ारी ग’साइनि गोजोन नोजोर (कहानी), डोगरी – बलवान सिंह जमोड़िया कंजकां (कविता), गुजराती – रक्षाबहेन प्रह्लाद राव दवे हुं म्याउं तुं चूं चूं (कविता और कहानी), कन्नड – विजयश्री हालादि, सुरक्कि गेट (उपन्यास), कोंकणी – तुकाराम रामा शेट जाण (उपन्यास), मैथिली – अक्षय आनंद ‘सन्नी’ ओल कतरा, झोल कतरा (कविता), मलयाळम – प्रिया ए.एस. पेरूमाऴयते कुंजीथळुगल (उपन्यास), मराठी – एकनाथ आव्हाड छंद देई आनंद (कविता), नेपाली – मधुसूदन विष्ट बाल एकांकी नाटकहरू (नाटक), ओड़िआ – जुगल किशोर षडंगी जेजेन्का गप गंथिलि (कहानी), राजस्थानी – किरण बादल टाबरां री दुनियां (संस्मरण), संस्कृत – राधावल्लभ त्रिपाठी मानवी (उपन्यास), संताली – मानसिंह माझी नेने-पेटे (कहानी), सिंधी – ढोलणु राही वाङणमल जी शादी (कविता), तमिऴ – उदयशंकर आदनिन बोम्मई (उपन्यास), तेलुगु – डी.के. चादुवुल बाबु वज्राला वाना (कहानी)।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.