गोरखपुर यूनिवर्सिटी में सुरू होई AI आ डाटा-साइंस के कोर्स: नया सत्र में BCA IOT आ मशीन लर्निंग के पढ़ाई कs सकी लॉ छात्र, मई में सुरू होई आवेदन

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 27, 2024

आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस जइसन नया तकनीक से एजुकेशन सेक्टर में व्यापक स्तर पs बदलाव कइल जा सकत बा। एकरा से स्टूडेंट्स के रोजगारपरक पढ़ाई कइला के संगही नया तौर-तरीका सीखे में मदद मिल सकेला। अइसन में

Share

आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस जइसन नया तकनीक से एजुकेशन सेक्टर में व्यापक स्तर पs बदलाव कइल जा सकत बा। एकरा से स्टूडेंट्स के रोजगारपरक पढ़ाई कइला के संगही नया तौर-तरीका सीखे में मदद मिल सकेला। अइसन में अब गोरखपुर यूनिवर्सिटी में आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस आ डाटा साइंस के कोर्से सुरू होखे जा रहल बा।

एही सत्र से MS आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस, BCA IOT आ BCA डाटा साइंस आ मशीन लर्निंग के कोर्स सुरू होई। यूनिवर्सिटी हाले में नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ इलेक्ट्रॉनिक्स एंड इनफॉर्मेशन टेक्नोलॉजी NILET से MOU कइले रहे। एह कोर्सेज के संचालन NILET के सहजोग से कइल जाई।

इंजीनियरिंग फैकल्टी के अधीन चली तीनो कोर्स

तीनों कोर्स इंजीनियरिंग फैकल्टी के अधीन चलावल जाई। एकरा अप्रूवल खातिर जल्दिये बोर्ड ऑफ स्टडीज में रखल जाई। इंजीनियरिंग विभाग में चले वाला एह कोर्सन के लेके सीटन के प्रस्ताव तइयार कs लिहल गइल बा। मास्टर ऑफ साइंस इन आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस में 30, BCA इन इंटरनेट ऑफ थिंग्स में 60 आ BCA इन मशीन लर्निंग एंड डाटा साइंस में 60 सीटें होई।

मई से सुरू होई नया कोर्सन में आवेदन

यूनिवर्सिटी में BCA खातिर आवेदन चार अप्रिल से सुरू हो गइल रहे । पोस्ट-ग्रेजुएशन कोर्सेज खातिर रजिस्ट्रेशन अभी सुरू नइखे भइल। एह तीनों कोर्सन के हरियर झंडी मिलला के बाद वित्त समिति में एकर फीस के निर्धारण कइल जाई।

एहं बंध में VC प्रोफेसर पूनम टंडन बतवली कि समय के मांग के देखत यूनिवर्सिटी में MS AI, BCA IOT आ BCA मशीन लर्निंग आ डाटा साइंस के कोर्स एह सत्र से सुरू करे के योजना बा। तीनों कोर्स NILET के सहयोग से इंजीनियरिंग विभाग में चली। एकरा खातिर जल्दिये आवेदन मांगल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.