iPhone Tips: रेंग-रेंगके चलेला आईफोन? परेसान होखला के बजाय तुरंत अपनाई ई टिप्स

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 22, 2024

जदि रउआ आईफोन के इस्तेमाल करत बानीं तs रउआ खातिर ई खबर काम के हो सकत बा। दरअसल, एपल के तकनीक भलही बहुत अच्छा होखे, बाकिर एकरा बादो कुछ सालन बाद आईफोन बहुत धीमा गति

Share

जदि रउआ आईफोन के इस्तेमाल करत बानीं तs रउआ खातिर ई खबर काम के हो सकत बा। दरअसल, एपल के तकनीक भलही बहुत अच्छा होखे, बाकिर एकरा बादो कुछ सालन बाद आईफोन बहुत धीमा गति से काम करे लागत बा। जदि रउओ एह दिक्कत से जूझ रहल बानी तs अब रउआ एकर समाधान मिल सकत बा। आगे खबर में जानीं कवना तरे से स्लो आईफोन के फास्ट कइल जा सकत बा।

कैशे फाइल्स करी रिमूव

जदि रउआ अक्सर अपना फोन के बेकार फाइल्स के फोन से हटावेनी ना तs एह वजह से फोन स्लो हो सकत बा। बहुत कम लोग समय-समय पs अपना-अपना फोन से गैर-जरूरी फाइल्स आ कैशे के रिमूव करेला। आईफोन में जवना फाइल्स के जरूरत नइखे भा फेर जवन फाइल्स ट्रैश बिन में पड़ल बा, ओकरा के फोन से हटा देवे के चाहीं। दरअसल, फोन से कैशे हटावे से फोन के स्पीड बढ़ जाला। हालांकि, कइयन बेर अइसन ना होला तब परेसानी कुछ आउर हो सकत बा।

एह सिस्टम के करी बंद

अक्सर लोगन के एह बात के जानकारी ना होला आ आईफोन के बैकग्राउंड में कइयन एप्स चलत रहत बा। एह वजह से आईफोन के स्पीड बहुते धीमा हो जाला। एकरा खातिर आईफोन के सेटिंग में जाये के होई, एकरा बाद एह सेटिंग के बंद कs सकत बानी। बाकिर नया आईफोन में बैकग्राउंड एप रिफ्रेश सिस्टम के ऑन रखे के सलाह दिहल जात बा।

सॉफ्टवेयर अपडेट के रखीं ध्यान

जदि राउर आईफोन कुछ साल पुरान हो गइल बा तs मुमकिन बा कि ओकर स्पीड बहुते धीमा हो गइल बा। कइयन बेर लोग फोन खातिर जरूरी सॉफ्टवेयर अपडेट के डिवाइस में इंस्टाल ना करेला। एह वजह से आईफोन के स्पीड स्लो हो जाला।

गैर-जरूरी चीजन के हटाई

आईफोन के गति बहुत कम हो गइल बा आ कवनो काम करे में जादे समय लागत बा तs परेसान होखला के बजाय आईफोन से गैर-जरूरी एप, फाइल्स, फोटो आ वीडियो के डिलीट कs दीं। अइसन कइला से आईफोन में स्टोरेज बढ़ जाई। संगही एह ट्रिक से आईफोन के स्पीडो में सुधार आ सकत बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.