Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भोजपुरी म्यूजिक वीडियो में एक्टिंग करे के सुनहरा अवसर: यायावरी वाया भोजपुरी दे रहल बा मवका, जानीं एह प्रोजेक्ट से जुड़े के प्रोसेस 

987

जदि रउआ भीतरी एक्टिंग के गुण भा जज्बा बावे आ रउआ म्यूजिक विडियो प्रोडक्शन में अभिनय कइल चाहत बानी, तs ई  मवका रउए खातिर बा। यायावरी वाया भोजपुरी, एक्टिंग से जुड़ल सुनहरा मवका लेके आइल बा। भोजपुरी खातिर समर्पित एह संस्था के आवे वाला गीतन में काम करे खातिर महिला आ पुरुष अभिनेता/अभिनेत्री के जरूरत बा।

संस्था के सदस्य सुधीर कुमार मिश्रा बातचीत के क्रम में बतवलें कि यायावारी वाया भोजपुरी अपना मूल काम भोजपुरी स्टोरीटेलिंग के संगे-संगे समय-समय पs अपना यूट्यूब चैनल पs म्यूजिक विडियो रिलीज करत रहेला, जवना के लोगन के खूब प्यार आ स्नेह लगातार मिलत आइल बा। अगिला कुछ म्यूजिक विडियो खातिर महिला आ पुरुष कलाकारन के जरूरत बा। एही क्रम में कास्टिंग कॉल कइल गइल बा। एही क्रम में ऊ लोगन से यायावरी वाया भोजपुरी ऐप के डॉउनलोड आ यूट्यूब चैनल के सब्सक्राइब करे के निहोरा कइलें।

का बा एह प्रोजेक्ट से जुड़े के नियम आ प्रोसेस 

यायावरी वाया भोजपुरी के आवे वाला म्यूजिक विडियो खातिर  प्रतिभाशाली अभिनेता आ अभिनेत्री लोग के तलाश बा। एकरा खातिर भावुक आ समर्पित व्यक्ति के जरूरत बा। एकरा खातिर उमिर सीमा 18 से 24 बरिस, लिंग महिला आ पुरुष दूनो, अनुभव : जरूरी नइखे के पहिले से अनुभव होखे। अनुभव के हर स्तर के स्वागत रही। एह परियोजना से जुड़े खातिर आपन प्रोफाइल एह व्हाट्सप नंबर पs भेजल जा सकेला:+91-9319752501।

575560cookie-checkभोजपुरी म्यूजिक वीडियो में एक्टिंग करे के सुनहरा अवसर: यायावरी वाया भोजपुरी दे रहल बा मवका, जानीं एह प्रोजेक्ट से जुड़े के प्रोसेस 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.