[the_ad_group id="30365"]

सोशल मीडिया इंफ्लुएंसर के वीडियो बनावे खातिर 1 लाख रूपिया दीही बिहार सरकार 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में पर्यटन के बढ़ावा देवे के मकसद से पर्यटन विभाग के ओर से “एक इंफ्लुएंसर की नजर से” प्रतियोगिता के आयोजन कइल जाता। एह प्रतियोगिता के उद्देश्य प्रभावशाली लोग के माध्यम से बिहार के समृद्ध सांस्कृतिक, धार्मिक आ ऐतिहासिक धरोहर के बढ़ावा दिहल बा ताकि राज्य में पर्यटक के संख्या अधिका से अधिका होखे।

सोशल मीडिया के उऽ प्रभावशाली लोग जवना के सोशल मीडिया प्लेटफार्म (फेसबुक, इंस्टाग्राम, एक्स, यूट्यूब) पऽ कुल कम से कम 50 हजार फॉलोअर्स रहे उहे लोग एमें भाग ले सकेला। ई सुनिश्चित करे के पड़ी कि उऽ लोग अपना सोशल मीडिया हैंडल का माध्यम से कवनो विवादित, आपत्तिजनक, असामाजिक भा आहत करे वाला धार्मिक भावना के सामग्री ना साझा करे।

प्रतियोगिता के नियम आ भागीदारी के प्रक्रिया

हर प्रतिभागी निम्नलिखित छह गो श्रेणी में से कवनो एक में भाग ले सकेला:

  1.  आध्यात्मिक आ धार्मिक पर्यटन
  2.  स्वास्थ्य पर्यटन
  3. ईको टूरिज्म
  4. बिहार के व्यंजन
  5.  धरोहर आ ऐतिहासिक पर्यटन
  6.  कला आ संस्कृति

प्रत्येक प्रतिभागी एगो श्रेणी में अधिकतम 03 वीडियो जमा कऽ सकत बा आ सब सामग्री बिहार राज्य से संबंधित होखे के चाहीं।

अब प्रविष्टियां Google Forms के माध्यम से भेजे के बा। सबमिशन लिंक पर्यटन विभाग द्वारा प्रदान कइल जाई।

वीडियो के अवधि- मुख्य वीडियो

60 से 120 सेकंड आ मुख्य वीडियो के समान विषय पऽ आधारित कम से कम एगो अतिरिक्त छोट (10 से 15 सेकंड) वीडियो क्वालिटी एचडी होखे के चाहीं, आ फाइल के साइज 100 एमबी से 1 जीबी के बीच होखे के चाहीं। वीडियो के  Geo tagged होखे के चाहीं।

पुरस्कार अउर सम्मान

  •   सर्वश्रेष्ठ पुरस्कार हर श्रेणी के सर्वश्रेष्ठ वीडियो के ₹ 1,00,000/- के पुरस्कार दिहल जाई।
  •  विशेष पुरस्कार : हर वर्ग में 02 प्रतिभागी के ₹ 50,000/- के पुरस्कार दिहल जाई।
  •  प्रशंसा पुरस्कार : हर श्रेणी में 03 प्रतिभागी के ₹ 10,000/- के पुरस्कार दिहल जाई।
  •  प्रतियोगिता के अवधि:- 02.10.2024 से 01.11.2024 तक के बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]